कालापानी क्षेत्र के भ्रमण करतारें उपप्रधानमन्त्री पोखरेल

दार्चुला, ४ फागुन,

उपप्रधानमन्त्री ईश्वर पोखरेल दार्चुला के कालापानी क्षेत्र के भ्रमण करे लागल बानी । दार्चुला उद्योग वाणिज्य सङ्घ के आयोजना मे आजु से १३ गते तक सञ्चालन होखे जा रहल महोत्सव के उद्घाटन कार्जक्रम के बाद उ कालापानी क्षेत्र के भ्रमण मे जाए लागल बानी ।

उ नेपाली सेना के हेलिकप्टर से दार्चुला पुगेके कार्जक्रम रहल उद्योग वाणिज्य सङ्घ दार्चुला के अध्यक्ष मङ्गलसिंह ठगुन्ना जानकारी देहनी । उपप्रधानमन्त्री पोखरेल के टोली मे रक्षा मन्त्रालय के एक सहसचिव आ नेपाली सेना के उच्च अधिकारी के भी सहभागिता होखी ।

उ दार्चुलास्थित नेपाली सेना के व्यारेक पहिलका बेर निरीक्षण करे लागल बा । नेपाली सेना के उच्च अधिकारी समय समय मे व्यारेक के निरीक्षण करत आईल बाडन । काठमाण्डु से आजु सबेरे उडल सेना के हेलिकप्टर दिपायलस्थित नेपाली सेना के पृतना हेडक्वाटर होके दार्चुला आई ।

भ्रमण के खातिर गृह मन्त्रालय जरुरी सुरक्षा व्यवस्थापन के खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ प्रहरी प्रधान कार्यालय मार्फत जिल्ला प्रहरी कार्यालय के निर्देशन देहले बा । उपप्रधानमन्त्री के टोली मे १० जने सहभागी रहेके जनावल गईल बा ।

उपप्रधानमन्त्री भईला के बाद पहिलका बेर दार्चुला भ्रमण करे लागल पोखरेल एकरा से पहिले २०५३ साल मे दार्चुला भ्रमण कईले रहलन । तत्कालीन अवस्था मे नेकपा एमाले के केन्द्रीय सदस्य के भूमिका मे पोखरेल २०५३ अगहन १७ गते दार्चुला पुगल रहनी ।
आजु व्यारेक निरीक्षण आ दार्चुला महोत्सव के उद्घाटन कईला के बाद सँझिया दार्चुला मे रहेके कार्जक्रम रहल बा । आजु दुपहरिया ४ बजे कार्यालय प्रमुख सँगे उपप्रधानमन्त्री पोखरेल के छलफल कार्जक्रम होखेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी यदुनाथ पौडेल बतवनी ।

एहितरे उ जिल्लास्थित कार्यकर्ता के भेला के सम्बोधन करेके कार्यतालिका रहल नेकपा दार्चुला के अध्यक्ष गणेश खत्री जानकारी देहनी । दार्चुला विकास सङ्गठनस्थित हल मे कार्यकर्ता भेटघाट के खातिर समय मिलावल गईल बा ।

ओकरा बाद हेलिकप्टर मार्फत उपप्रधान तथा रक्षामन्त्री पोखरेल व्यास क्षेत्र के भ्रमण करेके कार्जक्रम भी रहल बा । सैनिक अधिकारी सहित व्यास क्षेत्र मे भ्रमण करेके भईला के बाद सुरक्षा सतर्कता बढावल गईल बा । पिछिलका समय भारत नेपाल के भूमि कालापानी, लिपुलेक आ लिम्पियाधुरा आपन नक्शा मे समावेश कईला के बाद ओकर विरोध भईल रहे आ सरकार भी भूमि आपन भईल दाबी कईले रहे ।

दार्चुला से कालापानी तक निर्माण होखेवाला दार्चुला तिङ्कर सडक पिछिलका समय नेपाली सेना के देवेके गृहकार्य शुरु भईल बा । अभी रक्षा मन्त्रालय के अधिकारी सहित भ्रमण करेके भईला के बाद ई सडक नेपाली सेना से बना सकता कहके आशा स्थानीयस्तर मे बा । महोत्सव के अवसर करके उ नेपाली सेना के व्यारेक आ कालापानी क्षेत्र मे हेलिकप्टरमार्फत अवलोकन करेवाला बाडन ।

उनकर जिल्ला के भ्रमण के समय मे दार्चुला तिङ्कर सडक के नेपाली सेनामार्फत बनावे खातिर पहल करेके स्थानीय जोड देहले बाडन । उद्योग वाणिज्य सङ्घ चउथका बेर जिल्ला मे महोत्सव करे लागल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।