प्रथम पर्सा गोल्डकप :- आजु के खेल मे हेटौडा फुटबल एकेडेमी जितल

वीरगंज ०८ फागुन,
पर्सा के बढनिहार मे जारी प्रथम पर्सा गोल्डकप के अन्तिम क्वाटरफाइनल खेल मे बीरगंज युनाइटेड क्लव के हरावत हेटौडा फुटबल एकेडेमी सेमीफाइनल मे पुगल बा ।
पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब के आयोजना मे आजु भईल खेल मे वीरगंज के ० के बिरुद्ध १ गोल करत हेटौंडा सेमीफाइनल मे पुगल बा । बहुते रोमाञ्चक देखल गईल खेल के ८२ वाँ मिनेट मे हेटौंडा के रोजम लामा से कईल गोल हि जित के खातिर निर्णायक बनल ।
खेल के म्यान अफ द म्याच वीरगंज युनाइटेड क्लव के लालबाबु चौधरी भइनी । उनका के पर्सागढी नगरपालिकाका वार्ड नं २ के वार्ड अध्यक्ष बेदमन दास ट्रफी देहले रहनी ।
प्रतियोगिता अन्र्तगत के बिहान के खेल दिनके ३ बजे वीरगंज युथ क्लव आ आयोजक पर्सागढी युवा स्पोर्टस क्लब बीच होखी ।
प्रतियोगिता मे प्रथम होखेवाला टिम के नगद एक लाख सहित प्रमाण पत्र तथा दुसरका होखेवाला टिम के नगद ५० हजार सहित प्रमाण पत्र देवेके पर्सागढी युवा स्पोर्टस के अध्यक्ष याम बहादुर थापा जानकारी देहनी ।






