राजयोग सेवा केन्द्र, वीरगंजद्धारा पदयात्रा एवं प्रवचन कार्जक्रम

वीरगंज ०९ फागुन,
ब्रह्माकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र, वीरगंज बसुन्धरामापुनः स्वर्णिम युग के उदय के खातिर निराकार परमात्मा शिव के दिव्य अवतरण भईल ८४ वाँ बरीस मे प्रवेश कईल तथा अजन्माशिव परमात्मा के जन्मोत्सव महाशिवरात्रि के पावन अवसर मे परमात्म–अनुभूति शान्ति पदयात्रा एवं महाशिवरात्रि–स्वर्णिम युग उदय के पर्व विषयक आध्यात्मिक प्रवचन एवं सांस्कृतिक कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
प्रदेश सभासद रागिनी वर्णवाल एवं वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय सरावगी ब्रह्माकुमारी रविना दिदी तथा आउर ब्रह्मा कुमारीलोग के कलश हस्तान्तरण तथा ब्रह्मा कुमारलोग के निराकार शिव के चिन्ह अंकित झण्डा हस्तान्तरण कईले रहनी ।
विर्ता के ओम शान्ति भवन से शुभारम्भ भईल शान्तिपद यात्रा मेनरोड होत विर्ता, अलखियामठ, घडिअर्वा पोखरा, माइस्थान, घण्टाघर होत मुर्ली वगैंचा स्थित सुर्जीदेवी मा.वि. प्रांगण मे पुग के प्रवचन कार्जक्रम मे परिणत भईल रहे ।
ब्रह्माकुमारी रविना दिदी के सभाध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि सांसद प्रदीप यादव सभी विश्वमान शान्ति, भाईचारा आ समानता के विगुल फुकत, मानवता के पाठ पढावत आर रहल ब्रह्माकुमारी संस्थाद्वारा प्रदान करेवाला आध्यात्मिक ज्ञान बहुते समय सापेक्ष रहल बतवनी । वरिष्ठ राजयोग प्रशिक्षक एवं कार्जक्रम के मुख्य वक्ता ब्रह्माकुमार राजु घले महाशिवरात्रि के नाम मे विकृति हाबि भईल बतावत कउनो स्थल गाँजा भांग आदि सेवन एवं अर्पण कईला के बदला मे खुद भितर रहल आत्मा के शत्रुसब काम, क्रोध, लोभ, घृणा जईसन विषय मे चर्चा कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य भिमा यादव, नेपाली कांग्रेज पर्सा के सभापति अजय द्विवेदी, नेपाल नेत्र ज्योति महासंघ के उपाध्यक्ष श्याम पोखरेल, ब्रह्माकुमारी मिना, ब्रहमाकुमारी बेली, वरीष्ठ समाजसेवीमधु राणा, उषाशाह, ग्यासुद्दिन ठकुराई, सुर्जीदेवी स्कुल के प्रिन्सीपल लगायत बारा, पर्सा तथा भारत के रक्सौल आदि जगहा से आईल श्रद्धालुलोग के सहभागीता रहल रहे ।






