प्रदेश २ के नाम राखे खातिर २३ गते मतदान

जनकपुरधाम १९ फागुन,

प्रदेश २ के नाम टुंगो लगावे खातिर प्रदेशसभा मे मतदान होखेवाला बा । आवेवाला फागुन २३ गते प्रदेशसभा मे मतदान होखेवाला बा ।

प्रदेश के स्थायी राजधानी जनकपुर के बनावे के सहमति कईल दलसब बीच नाम के बारे मे सहमति होखे ना सकल । “प्रदेश के नामाकरण के खातिर बहुते बेर बईठक बईठल, माकिर सहमति होखे ना सकल,” सभामुख सरोज यादव कहनी कि, “ओहिसे मतदान मे लेजाए के सहमति भईल बा ।” उनका मुताविक प्रदेश के नाम के बारे मे २२ गते प्रदेशसभा मे छलफल होखी आ २३ गते मतदान होखी ।

उनका मुताविक दर्ता भईल चार गो प्रस्ताव मे मतदान होखी । सत्तारुढ समाजवादी आ राजपा मधेश, प्रमुख विपक्षी नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) जानकी, नेपाली कांग्रेस मिथिला–भोजपुरा नाम प्रस्ताव कईले बा । एहितरे कुछ सांसद प्रदेश के नाम मध्य मधेश राखेके प्रस्ताव दर्ता करवले बाडन ।

प्रदेश के नामाकरण आउर प्रदेश जईसन इहाँ सजिलो नइखे । संविधान मुताविक प्रदेश के नाम आ स्थायी राजधानी तोके खातिर दु तिहाई बहुमत चाहिं, जउन केहु लग नइखे ।

कुल १०७ सांसद रहल प्रदेश २ मे नेकपा के ३२, समाजवादी के ३०, राजपा के २५, कांग्रेस के १९ आ संघीय समाजवादी के १ सांसद बाडन । २३ गते होखेवाला मतदान मे कउनो चमत्कार ना भईला पर कउनो भी प्रस्ताव के पक्ष मे दु तिहाई ना पुगी ।

सभामुख यादव भी एकरा के स्वीकार करेलन । “सभी के आपन आपन अडान बा । इहे अवस्था मे मतदान से नाम राखाई माकिर प्रकृया मे लेजाएवाला भईला से मतदान के मिति तोकल गईल बा ।”

नेकपा संसदीय दल के नेता सत्यनारायण मण्डल खुदसब हद तक लचिलो भईला पर भी सत्ता पक्ष मधेश से पछाडि हटेके ना मानला के चलते मतदान मे जाएके पडल बतवनी । खुद जानकी मधेश नाम राखेके प्रस्ताव कईला पर भी सत्ता पक्ष ना मानल कहत उ खुदसब से प्रस्ताव कईल जानकी नाम मे मतदान करेके बतवनी ।

कांग्रेस संसदीय दल के नेता रामसरोज यादव भी आपन दल लचिलो भईला पर भी सत्ता पक्ष के अडान के चलते मतदान प्रकृया मे जाएके सुनवनी । उ आपन दल के सांसदलोग मिथिला–भोजपुरा के पक्ष मे मतदान करेके बतवनी ।

एहितरे प्रतिपक्षी जइसन सत्ता पक्ष भी आपन अडान रखले बाडन । समाजवादी पार्टी के संसदीय दल के उप नेता रामाशिष यादव मधेश मधेशी के पहिचान भईला से इहे नाम राखेके बतवनी ।

“प्रतिपक्षी इतिहास ओरी जा रहल बाडन” कहत उ, “राजा के समय मे नदीनाला के नाम राखल जइसन उलोग ओकरा ओरी जाएके खोजले बाडन । अन्तर्राष्ट्रियस्तर मे मधेश के पहिचान बा । ओहिसे एकरा के जोगावेके पडि ।”

संघीयता के बल मे प्रदेशसभा स्थापित भईल कहत उ गोप्य निर्वाचन मे स्वविवेकी सांसद मधेश पक्ष मे मत देवेके विश्वास व्यक्त कइनी । एहितरे राजपा के सचेतक परमेश्वर साह मधेश शब्द से प्रतिपक्ष काहे कहुँचल बाडन कहके सवाल कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।