कोरोना प्रभाव : गैँडा गणना स्थगित

चितवन, ७ चईत,

चईत १० गते से होखेके कहल गैँडा गणना स्थगन कईल बा । शुरु मे चईत १ गते से गणना करेके कहला पर भी मौसम के चलते बाद मे कईल जाई ।
राष्ट्रिय निकुञ्ज तथा वन्यजन्तु संरक्षण विभाग के उपसचिव तथा सूचना अधिकारी विष्णुप्रसाद श्रेष्ठ सरकार २५ जने से बेसी एक जगहा मे जमघट ना होखेके निर्देशन कईला सँगे तत्काल के खातिर गणना काम स्थगन भईल जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक गैँडा गणना के खातिर १५० हाराहारी जनशक्ति एके जगहा मे सामेल होखेके पडि । सरकार २५ जने से बेसी भेला होखेके, कउनो सभा सम्मेलन तथा गोष्ठी करेके रोक लगवले बा । दोसर सूचना ना आवे तक गैँडा गणना काम स्थगन भईल उ जानकारी देहनी । सरकार कोरोना के सङ्क्रमण के डर घट के दोसर सूचना जारी कईला सँगे गणना काम अगाडि बढेके बतवनी ।

चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज के प्रमुख संरक्षण अधिकृत नारायण रुपाखेती सभी तइयारी पूरा भईला से कोरोना के त्रास घटला सँगे गणना करे सकेके बतवनी । गणना के खातिर आजु आ बिहान तालिम भी राखल गईल रहे । रुपाखेती के मुताविक गणना जेठ १५ गते तक करे ना सकला पर ई बरीस सम्भव ना होखेवाला भईला से कोरोना के डर घटला सँगे गणना होखी ।

विभाग के मुताविक चितवन सँगे पर्सा, बर्दिया आ शुक्लाफाँटा राष्ट्रिय निकुञ्ज मे गणना करेके कार्जक्रम रहे । गैँडा गणना के खातिर चईत महिना बहुते बढिया भईला पर भी विशेष परिस्थिति के चलते गैँडा गणना स्थगन करेमे बाध्य भईल विभाग जनवले बा । वितल बरीस मे दाता के भर मे गैँडा गणना करेवाला भईला पर भी ई बेर सरकार के आपन खर्च मे गणना करे लागल रहे । गैँडा गणना के खातिर विभाग रु एक करोड १० लाख ३५ हजार रकम विनियोजन कईले रहे ।

नेपाल मे सन् १९९४, २०००, २००५, २००८, २०११ आ २०१५ मे गैँडा गणना कईल रहे । हरेक पाँच÷पाँच बरीस मे गैँडा गणना कईल जाला । पिछिलका गणना मे चितवन निकुञ्ज मे सबसे बेसी ६०५ गैँडा देखवले रहे । चितवन, पर्सा, बर्दिया आ शुक्लाफाँटा सहित करके ६४५ गैँडा रहे । चितवन सहित बर्दिया, शुक्लाफाँटा आ पर्सा मे गैँडा के बासस्थान रहल बा ।

सन् २०१५ के गणना के बाद चोरीसिकार से मरेवाला गैँडा के सङ्ख्या नगण्य बा । प्राकृतिक कारण से चितवन निकुञ्ज मे गैँडा करेके क्रम बढत जा रहल बा । ई बरीस अभी तक २२ गो गैँडा प्राकृतिक कारण से मरल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।