नेपाल लकडाउन : बिहान से एक हप्ता तक बाहर ना निकलेके मिली

काठमाण्डु १० चईत,

सरकार बिहान मंगर से सार्वसाधारण के घर से बाहर निकले मे रोक लगावल गईल बा । कोरोना भाइरस (कोभिड १९) के संक्रमण मिलला के बाद सरकार देश के पूर्ण रुप मे लकडाउन करेके निर्णय कईले बा ।

फ्रान्स से कतार के दोहा होत चईत ४ गते नेपाल आईल एक युवती मे कोरोना संक्रमण भईल पुष्टि भईल रहे ।
कोरोनासम्बन्धी उच्चस्तरीय समिति के सोमार के दिने बईठल बईठक से बिहान मंगर के सबेरे ६ बजे से एक हप्ता तक सार्वसाधारण के घर से बाहर ना निकलेके कहल गईल बा ।

एहितरे सुरक्षा निकाय, स्वास्थ्यकर्मी खाद्यान्न आ जरुरी सामान ढुवानी करेके आ अनुमति प्राप्त बाहेक के सवारी साधन चलावे ना मिली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।