प्रदेश नं.२ मे २५ करोड राहत कोष स्थापना

जनकपुरधाम, १३ चईत,
प्रदेश नं.२ सरकार कोरोना भाइरस के नियन्त्रण तथा एकरा से प्रभावित के राहत उपलब्ध करावे खातिर रु २५ करोड के राहत कोष स्थापना कईले बा । म
के आजु पुरा भईल बईठक से उ कोष के स्थापना करेके आ उ कोष मे सभी मन्त्रीलोग के एक महिना के तलब राखेके निर्णय कईल सरकार के प्रवक्ता एवं आन्तरिक मामिला तथा कानूनमन्त्री ज्ञानेन्द्रकुमार यादव जानकारी देहनी ।
उ राहतकोष मे सहजोग करे खातिर समाजिक सङ्घसंस्था, प्रदेश के व्यापारिक घराना के साथे इच्छुक आदमी के भी आह्वान करेके उ बतवनी । बईठक से कोरोना भाइरस नियन्त्रण के खातिर मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के संयोजकत्व मे सभी मन्त्री रहेवाला किसिम से ‘उच्चस्तरीय निर्देशन समिति’ गठन कईले बा ।
एहितरे, महामारी नियन्त्रण के खातिर जरुरी व्यवस्थापन करे खातिर निमित्त प्रमुख सचिव नारायण दवाडी के संयोजकत्व मे सभी मन्त्रालय के सचिव रहेवाला किसिम से ‘विशेष कार्यकारी समिति’ गठन कईल बा ।
उ विशेष कार्यकारी समिति के मन्त्रिपरिषद् के बईठक से कोरोना भाइरस के महामारी नियन्त्रण के खातिर जरुरी व्यवस्थापन करे खातिर निर्देशन देहला के साथे विशेष परिस्थिति के खातिर व्यवस्था कईल खरिद नियमावली मुताविक जरुरी सामान के खरिद करे सकेके निर्णय भी कईले बा ।
बईठक से प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर, वीरगंज आ राजविराज मे कोरोना सम्बन्धी जाँच करे खातिर प्रयोगशाला के स्थापना करेके निर्णय भी भईल प्रवक्ता यादव बतवनी ।
बईठक से लकडाउन के चलते समस्या पडल गरिब जनता के खातिर जरुरी राहत के व्यवस्था करे खातिर स्थानीय तह से समन्वय करके अगाडि बढेके निर्णय भी कईले बा ।






