मुस्कान उपर एसिड बिगेवाला अभियुक्त छुटलें

वीरगंज १५ चईत,

वीरगंज के किशोरी मुस्का खातुन उपर एसिड बिगेवाला २ अभियुक्त मेसे एक जने छुटल बाडन । वीरगंज बालसुधार गृह मे रहल अभियुक्तद्वय वीरगंज २ छपकैया के सम्साद मिया आ मजिद आलम मेसे सम्साद छुटल बाडन ।

पर्सा जिल्ला अदालत के आदेश मे बैशाख १४ गते फेनु उपस्थित होखेवाला किसिम से सम्साद शुक के दिने बालसुधार गृह से छुटल बाडन । सर्वोच्च आदलत मे चईत ७ गते बईठल न्यायधिश के बईठक से बाल सुधारगृह मे रहल लईकालइकी के कोरोना संक्रमण के समय उलोग के कैद सजाय स्थगन करके गारजियन के जिम्मा लगावे सकेके निर्णय कईले रहे ।

सर्वोच्च के निर्णय मे कोरोना भाइरस के संक्रमण के समय बाल सुधारगृह मे रहल लईकालइकी के खोजल समय मे उपस्थित करावे मिलेवाला किसिम से गारजियन के जिम्मा लगाके पठावे सकेके उल्लेख बा । उहे निर्णय मुताविक सम्साद के माई कोरोना संक्रमण के समय आपन नाबालक बेटा के आपन जिम्मा देवेके माग करत बितल बुध के दिने अदालत मे निवेदन देहले रहनी ।

बियफे के दिने न्यायाधीश विष्णुप्रसाद अर्यालय के इजलास से वैशाख १४ गते अदालत मे उपस्थित करावेवाला किसिम से सम्साद के उनकर माई के जिम्मा लगावे के आदेश देहला के बाद उ रिहा भईल पर्सा जिल्ला अदालत के नायब सुब्बा वर्षा साह जानकारी देहनी । मुस्कान उपर एसिड बिगेवाला दोसर अभियुक्त मजिद आलम के गारजियन से भी छोडेके माग करत अदालत मे निवेदन देहला पर भी अदाल निवेदन खारेज कईले बा ।

मजिद के उमिर १८ बरीस पुगला से उनका के छोडे ना मिलेके कहत उनकर गारजियन से देहल निवेदन खारेज के आदेश शुक के दिने भईल पर्सा जिल्ला अदालत के श्रेस्तेदार कृष्णप्रसाद अधिकारी जानकारी देहनी ।

वीरगंज ३ छपकैया से वीरगंज ६ मे रहल त्रिभुवन हनुमान माध्यमिक विद्यालय मे पढे जाएके समयम े बितल भादो २० गते सबेरे वीरगंज के विर्ता स्थित गणेशमान चोक मे मुस्कान खातुन उपर सम्साद आ मजिद एसिड बिगले रहलन । एसिड प्रहार से गम्भीर घायल मुस्कान के अभी भी काठमाण्डु के कीर्तिपुर अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

घटना के बाद पकडाईल सम्साद आ मजिद दुनु जने उ समय पुलीस से पेश भईल मिसिल मे उमिर १८ बरीस पुगल प्रमाण ना भईला के बाद कारागार मे ना होके बालसुधार गृह मे राखे खातिर अदालत आदेश देहल मुताविक दुनु जने के बालसुधार गृह मे राखल गईल रहे ।

मुस्कान के बाबु रसुल अन्सारी बेटी उपर एसिड बिगेवाला अभियुक्त के कोरोना संक्रमण के बहाना मे छोडेके काम काम गलत भईल बतवनी । कोरोना महामारी के डर वीरगंज आ नेपाल मे मात्र ना होके विश्वभर हि रहला से एकर बहान मे अपराधी के छोडल जायज ना भईल प्रतिक्रिया देहनी । उल्था ः अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।