कच्चा पदार्थ कमी के चलते दवाई उद्योग बन्द

वीरगंज १७ चईत,

लक डाउन के चलते भारत तथा तिसरका देश से कच्चा पर्दा रुकला के बाद वीरगंज पथलैया औद्योगिक करिडोर के ३ गो दवाई उद्योगसब बन्द भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका १ मे रहल जीडी फर्मास्युटिकल्स, बारा के सिमरा मे रहल एलायन्स फर्मास्युटिकल्स आ छातापिपरा मे रहल समर फर्मा बन्द भईल बा ।

सरकार लकडाउन के समय मे जरुरी सामान उत्पादन के खातिर उद्योग संचालन बन्द ना होखेके जनवले बा । माकिर लकडाउन के चलते भारत से कच्चा पदार्थ आवे ना सकल आ मौज्दात रहल कच्चा पदार्थ भी ओरईला के चलते उद्योग के उत्पादन बन्द कईल औषधी उद्योग के सन्चालक बतवले बाडन ।

जीडी फर्मास्युटिकल्स आजु से चईत ३० गते तक के खातिर सूचना साट के उद्योग बन्द कईले बा । दवाई उत्पादन के खातिर कच्चा पदार्थ ना भईल कहत उद्योग बन्द करेके सूचना उद्योग के गेट मे साटल उद्योग मे कार्यरत मजदुरलोग जानकारी देहले बाडन ।

जीडी फर्मास्युटिकल्स उद्योग मे उद्योग व्यावस्थापन आजु साटल सूचना मे, जरुरी कच्चा पदार्थ ना भईला के चलते दवाई के उत्पादन कईल सम्भव ना भईल आ कोरोना भाईरस संक्रमण के चलते भारत तथा तिसरका देश से कच्चा पदार्थ आयात भी प्रभावित भईला से उद्योग बन्द करेके पडल उल्लेख बा ।

उद्योग के संचालक घनश्याम दास चाचान उद्योग मे कच्चा पदार्थ ओराईल आ लकडाउन मे विदेश से आयात भी करे ना सकला से उद्योग बन्द करेमे बाध्य भईल बतवनी ।

उ, “दवाई उत्पादन कईला पर ओमे मिलावेवाला अनेकन किसिम के कच्चा पदार्थ मेसे कुछ कच्चा पदार्थ दिल्ली, कोलकत्ता, मुम्बई से आवेला, माकिर भारत आ नेपाल दुनु देश मे लकडाउन के चलते उ कच्चा पदार्थ लियावे नइखे सकल, ओहिसे कच्चा पदार्थ के कमी मे उद्योग बन्द करेके पडल बा ।

नेपाल औषधि उत्पादक संघ के सदस्य प्रेम जाटीया लकडाउन के असर औषधी उद्योगसब मे भी पडल बतवनी । जीडी फर्मास्युटिकल्स संगे सिमरा के एलायन्स फर्मास्युटिकल्स आ छातापिपरा के समर फर्मा भी बन्द भईल जानकारी उ देहनी ।

उद्योग सँगे भईल कच्चा पदार्थ के मौज्दात ओराईल बा, लकडाउन से विदेश से होखेवाला आयात भी प्रभावित बा, कहत उ, “उद्योग मे कार्यरत मजदुर भी लकडाउन से उद्योग मे आवेके नईखन मानत ।”

निर्यातकर्ता कच्चा पदार्थ आ प्याकिङ करेवाला समान पठावे ना सकला से उद्योगलोग बन्द हो रहल कहत उ अभी चलल आउर दवाई उद्योगसब भी बेसी मे एक हप्ता तक चलेके आ ओकरा बाद कच्चा पदार्थ ओराके बन्द होखेके अवस्था आवेके बतवनी ।

पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललीत बस्नेत लकडाउन मे उद्योग के कच्चा पदार्थ आयात मे पुलीस प्रशासन से नाका मे कउनो अवरोध ना कईल बतवनी ।

उद्योग मे देखल गईल मजदुर समस्या के विषय मे सकेभर उद्योग परिसर के आसपास मे मजदुर के राखेके भा तोकल गईल समय सबेरे ९ बजे भितर उद्योग मे पुगल आ सँझिया ६ बजे आवेवाला किसिम से व्यावस्था मिलावे के कहल बतवनी । उल्था ः अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।