सरदी खोकी के भी ईलाज ना करेवाला अस्पताल उपर कारबाही होखी : मुख्यमन्त्री राउत

जनकपुरधाम १८ चईत,
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कोरोना भाइरस के चलते विश्व हि समस्या मे रहल अवस्था मे सामान्य सरदी खोकी के ईलाज ना करेवाला चिकित्सक तथा अस्पताल के कारबाही करेके बतवले बाडन ।
आठो जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी सहित सुरक्षा अधिकारीलोग से आजु आयोजना कईल बईठक मे मुख्यमन्त्री राउत मरेजी के ईलाज ना करेवाला चिकित्सक आ अस्पताल के कारबाही करेके बतवनी ।
“सामान्य सरदी खोकी के मरेजी के भी चिकित्सक तथा अस्पतालसब लापरवाही कर रहल सिकाईत आईल बा” राउत प्रजिअलोग के निर्देशन देत, “ओईसन अस्पताल आ चिकित्सकलोग के सूची तइयार करके प्रदेश सरकार समक्ष पठाई” कहके बतवले बानी ।
राज्य के सुविधा प्रयोग कईला पर भी संकट के समय मे बदमासी करेवाला जे केहु के भी कारबाही करेके बतवनी । उ प्रजिअलोग के निर्देशन देत, “अपनेलोग सिफारिस करीं लाइन्सेन्स खारेजी तक के कारबाही होखी ।”
बईठक मे महामारी नियन्त्रण के खातिर जरुरत मुताविक के व्यवस्था जिल्ला स्तर मे करे खातिर सुझाव देत राउत पईसा के कमी होखे ना देवेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
कोरोना संक्रमण नियन्त्रण के खातिर प्रदेश मे होत आईल काम के बारेमे जानकारी लेहला के साथे जरुरी निर्देशन देवे खातिर बोलावल गईल बईठक मे मुख्यमन्त्री राउत अभी के अवस्था मे कउनो “इन्तु किन्तु” ना होके जनता के जनधन के सुरक्षा मे सभी शक्ति लगावे खातिर निर्देशन देहनी ।
बईठक मे सुरक्षा निकाय के प्रमुखलोग से राखल सवाल मे भौतिक पूर्वाधार मन्त्री जितेन्द्र सोनल, आन्तरिक मामिला तथा कानुनमन्त्री ज्ञानेन्द्रकुमार यादव आ उद्योग, पर्यटन तथा वनमन्त्री रामनरेश राय सम्बन्धित विषयसब मे आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
मुख्य न्यायाधिवक्ता दीपेन्द्र झा अभी विशेष परिस्थिति मे करेवाला काम आ कानुनी अवस्था के बारे मे जानकारी करवले रहनी । बईठक मे चार गो सुरक्षा निकाय के प्रदेश प्रमुखसब, आठु जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी, नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी आ अनुसन्धान के प्रमुखलोग के सहभागिता रहल रहे ।






