जंगल बचावे खातिर कड़ाई : सबेया साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के बैठक में अतिक्रमण हटावे के निर्णय

जंगल बचावे खातिर कड़ाई : सबेया साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के बैठक में अतिक्रमण हटावे के निर्णय

पर्सा, २ सबेया

पर्सागढ़ी नगरपालिका वडा नं. ४ सबेैया स्थित सबेया साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के तेसर बैठक आज अध्यक्ष लखन लाल साह कानू के अध्यक्षता में सम्पन्न भइल बा। बैठक में जंगल संरक्षण, प्रबंधन आ अतिक्रमण रोकथाम से जुड़ल कई गो महत्वपूर्ण निर्णय लिहल गइल।

बैठक में साझेदारी वन क्षेत्र के भीतर अतिक्रमण करके उपयोग कइल जा रहल जमीन खाली करवावे के निर्णय कइल गइल। जंगल बचावत प्राकृतिक स्रोत के दीर्घकालीन संरक्षण आ सही व्यवस्थापन पर भी विशेष चर्चा भइल।

कार्यक्रम में सबेैया सब डिभिजन वन कार्यालय के रेन्जर भुपाल रोकाय, उपाध्यक्ष असलम आलम सहित सदस्य श्रवण प्रसाद साह, भईया राम पटेल, नेसार अहमद, राजिव सरार्फ, सुरज कुर्मी, रिता देवी, राधिका लामा आ शशि भूषण तिवारी लगायत के सहभागिता रहल।

बैठक में सहभागी सभे जंगल अतिक्रमण रोके, अवैध कटानी पर नियन्त्रण करे आ वन उपभोक्ता के अधिकार संरक्षण खातिर मिलजुल के काम करे पर जोड़ देहल गईल।

साझेदारी वन उपभोक्ता समूह जंगल संरक्षण, वृक्षारोपण, जैविक विविधता बचावे, वन पैदावार के व्यवस्थापन आ स्थानीय समुदाय के सहभागिता से वातावरण संतुलन कायम रखे के काम करत आइल बा।

एही के साथे जंगल क्षेत्र में होखे वाला अवैध गतिविधि रोके आ उपभोक्ता हित में कार्यक्रम संचालन करे के जिम्मेवारी भी समूह निभावत बा।
बैठक में जंगल क्षेत्र के अतिक्रमण मुक्त बनावे, जनसहभागिता बढ़ावे आ संरक्षण अभियान के अउरी प्रभावकारी बनावे पर विशेष जोर दिहल गइल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।