पर्सा मे दु हप्ता एने विदेश से फिर्ता भईल के लगत राखल जा रहल

वीरगंज १९ चईत,
पर्सा मे दु हप्ता एने भारत लगायत आउर देश से आईललोग के लगत राखेके जनावल गईल बा ।
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर सतर्कता अपनावे खातिर विदेश से आईललोग के लगत तइयार करे लागल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की बतवले बानी ।
जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति के बईठक से १४ दिन एने भारत लगायत तिसरका देश से आईल आदमीसब के लगत राखेके निर्णय कईल उ बतवनी ।
कोरोना भाइरस के संक्रमण आवेके आ फईले ना देवे खातिर आपसी समन्वय के साथ मिल के काम करेके निर्णय कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
जिल्ला के अनेकन जगहा मे स्थापना कईल क्वारेन्टाइन आ आइसोलेसन वार्ड व्यवस्थित ना भईल कहत कार्जक्रम मे सहभागीलोग तत्काल ओकर उचित व्यवस्थापन करे खातिर सुझाव देहले रहलन ।






