गरीब असहाय आ मजदुर लोग के खाद्यान्न बाँटल गईल

प्रभु यादव
बारा २२ चईत
बारा के महागढीमाई नगरपालिका मे समाजिक संघ संस्था से खाद्यान्न सामान गरिब असाहाय आ मजदुर लोग के देहल गईल बा ।
नोबेल कोरोना भाईरस के महामारी के ना बढे देवेला देश मे लकडाउन सरकार से कईल गईल अवस्था मे महागढी माई न.पा. के वडा न.१,२,६,८ के दिनहु काम कर के खाएवाला मजदुर, गरिब आ असहाय लोग के अवस्था कमजोर देखला से चार सय घर के खाद्यान्न देहल गईल स्थानिय सुनिल कुशवाहा जनकारी करावले बाडन ।
महागढीमाई न.पा.के युवा समाज सेबी तथा युवा उद्यमी राकेश प्रसाद कुशवाहा आपन कम्पनि आर.के. ग्रुप अफ कम्पनि से दु सय १८ बोरा चाउर आ सनातन धर्म तथा संस्कृती बचाव अभियान के तर्फ से १५ हजार रोपेया अउर महागढीमाई फाउन्डेसन नेपाल के सदस्य लोग से छव हजार आईल चन्दा, मुकुन्द गुप्ता के चार हजार कर के जम्मा २५ हजार बराबर के नुन, तेल आ साबुन देहल गईल कुशवाहा जनकारी करावले बाडन ।
खाद्यान्न सामान बाँटे मे प्रेम प्रसाद यादब, बिजेन्द्र प्रसाद गुप्ता, रबि राज कुशवाहा, बेद प्रकाश रौनियार, सन्तोष कुमार कुशवाहा, जनक प्रसाद कुशवाहा, रजिशवर कुशवाहा, जयराम कुशवाहा, अजेश प्रसाद कुशवाहा, जियालाल कुशवाहा, सरोज साह कानु, बिकाश गुप्ता लगायत के बिशेष सहजोग रहल रहे ।






