बारा मे निषेधाज्ञा उलंघन करेवाला १६ जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा २२ चईत,
बारा के कलैया मे नेपाल सरकार के निर्णय तथा जिल्ला प्रशासन कार्यालय बाराद्वारा जारी कईल गईल निषेधाज्ञा आदेश के पालना ना करेवाला १६ जने के पकडल गईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
पकडाई लोग के संक्रामक रोग ऐन २०२० अनुसार कारवाही के खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे पठावल गईल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी । जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा पकडाईल लोग के जरिवाना कर के छोड देहले बा ।
अवज्ञा तथा उल्लघन करेवाला ३१ गो मोटरसाइकल आ १ गो ट्रेक्टर के डकुमेन्ट तथा गाडी समेत नियन्त्रण मे लेके जरिवाना कर के छोडल गईल मिश्र जनकारी करावले बानी ।






