आउर तीन जने मे कोभिड–१९ सङ्क्रमण

काठमाण्डु, २२ चईत,
कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण आउर तीन जने मे देखल गईल बा । मुम्बई से फिर्ता भईल कैलाली के २१ बरीस के आ उत्तराखण्ड से फिर्ता भईल कञ्चनपुर के ४१ बरीस के पुरूष तथा कैलाली के ३४ बरीस के जनानी मे कोभिड–१९ के सङ्क्रमण देखल गईल स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय के इपिडिमियोलोजी तथा रोग नियन्त्रण महाशाखा के निर्देशक डा. वासुदेव पाण्डे जानकारी देहनी । जनानी एकरा से पहिले कैलाली मे सङ्क्रमित मिलल पुरूष के आफन्त हउवन ।
एकरा सँगे नेपाल मे कोभिड–१९ के सङ्क्रमित के सङ्ख्या ९ पुगल बा । उलोग के कुछ दिन पहिले स्वाब लेहल गईला मे शुक तक कईल परीक्षण के समय मे सङ्क्रमण देखल गईल महाशाखा के निर्देशक डा. पाण्डे बतवनी । तीनु जने के अभी धनगढीस्थित सुदूरपश्चिम प्रादेशिक अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
एकरा से पहिले विदेश से आईल के मात्र कोभिड–१९ के सङ्क्रमण देखल गईला पर भी पहिलका बेर नेपाल भितर के जनानी मे सङ्क्रमण देखल गईल बा । बितल माघ ९ गते चीन से नेपाल आईल विद्यार्थी मे कोभिड–१९ के सङ्क्रमण देखल गईल रहे । उ ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन । आउर सङ्क्रमित के आइसोसेलन मे राख के ईलाज हो रहल मन्त्रालय जनवले बा ।






