रासस के ६३ वाँ वार्षिकोत्सव मे बतकही, रासस उपर राज्य के उचित ध्यान पुगे ना सकल : सांसद यादव
रासस के ६३ वाँ वार्षिकोत्सव मे बतकही, रासस उपर राज्य के उचित ध्यान पुगे ना सकल : सांसद यादव
वीरगंज ०४ फागुन
पर्सा क्षेत्र नं. १ के प्रतिनिधिसभा सदस्य एवम् पुर्वमन्त्री प्रदीप यादव देश के एकमात्र समाचार समिति राष्ट्रिय समाचार समिति के सेवा के प्रभावकारी बनावे खातिर राज्य से ध्यान देवेके बतवले बानी ।
राष्ट्रिय समाचार समिति (रासस) के ६३ वाँ वार्षिकोत्सव के सन्दर्भ मे रासस वीरगंज कार्यालयद्वारा आजु नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के सभाहल मे आयोजना कईल ‘जिम्मेवार पत्रकारिता आ रासस के भूमिका’ विषयक बतकही कार्जक्रम मे सांसद यादव रासस देश के प्रतिष्ठा आ हुलाक टिकट जईसन भईला से एकरा के सबल, आत्मनिर्भर आ सेवा के प्रभावकारी बनावे खातिर राज्य से ध्यान देवेके बतवनी ।
“पडोसी देश भारत मे भी समाचार एजेन्सी बा । उहाँ के सरकार ई समाचार एजेन्सी के बहुते महत्व देके उहे मुताविक विशेष सेवा सुविधा देहले बाडन”, प्रतिनिधिसभा के सदस्य यादव कहनी, “देश के एक मात्र समाचार एजेन्सी रासस उपर राज्य के उचित ध्यान पुगे सकल नईखे । रासस के जनता के सञ्चारमाध्यम के रुप मे विकास कईल जरुरी बा ।”
आवाजविहीन आ दूरदराज के जनता के आवाज के रासस से समेटेके सुझाव देत उ रासस से काठमाण्डु भा नेता कार्यकर्ता के बात मात्र ना होके दुर्गम जिल्ला के कुनाकाप्चा मे रहल जनता के कथा आ पीडा भी सम्प्रेषण करेके बतवनी ।
प्रतिनिधिसभा के सदस्य यादव किसान सिँचाइ, बीउबिजन आ मलखाद्य ना मिलला से छटपटा रहला पर भी राष्ट्रियस्तर के सञ्चारमाध्यम उ किसान के समस्या के उचित स्थान ना देहल उपर सिकाईत कईनी । उ मलखाद्य उद्योग सञ्चालन के विषय मे छलफल भईला पर भी देश मे उद्योग सञ्चालन के कउनो सम्भावना ना रहल जिकिर कईनी ।
कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासङ्घ के केन्द्रीय सचिव दीपेन्द्र चौहान आधिकारिक, विश्वसनीय, सन्तुलित समाचार सम्प्रेषण मे रासस से खेलल भूमिका प्रशंसनिय रहल बतवनी । रासस समाचार सामग्री के गुणस्तरीयता के खातिर समयसापेक्ष प्रविधि के प्रयोग मे जोड देवेके उनकर कहनाम रहे ।
नेपाल पत्रकार महासङ्घ मधेस प्रदेश के महासचिव श्याम बञ्जारा पत्रकारिता पेसा संवेदनशील भईला से जिम्मेवारीपूर्वक पत्रकार से आपन भूमिका निर्वाह करेके बात मे जोड देत सञ्चार क्षेत्र सङ्कटपूर्ण अवस्था मे रहला से एकरा ओरी सरकार से ध्यान देवेके बतवनी ।
रासस वीरगंज पर्सा के प्रमुख राजु विश्वकर्मा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासङ्घ पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ के उपाध्यक्ष मनोजकुमार दास, नेपाल पत्रकार महासङ्घ पर्सा के पूर्वसभापति अशोककुमार तिवारी, प्रेस सेन्टर पर्सा के अध्यक्ष दीपक गौतम, प्रेस चौतारी पर्सा के अध्यक्ष तुलसी भण्डारी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
माधुरी महतो से सञ्चान कईल कार्जक्रम मे स्वागत विजयकुमार चौहना कईले रहनी ।