वीरगंज मे कोरोना विशेष अस्पताल स्थापना करे खातिर अध्ययन

वीरगंज २५ चईत,
कोरोना विशेष अस्पताल स्थापना के खातिर दबाब बढला के बाद प्रदेश सरकार वीरगंज मे विज्ञ टोली पठवले बा । विज्ञ टोली के सदस्य पूर्वस्वास्थ्य राज्यमन्त्री डा.सुरेन्द्र यादव, डा.रामकेवल साह, डा.विजय सिंह वीरगंज आके फिर्ता भईल बाडन ।
प्रदेश २ सरकार से गठन कईल विज्ञ टोली के तीनु जने सदस्य अस्पताल स्थापना के खातिर वीरगंज के सरोकारवाला से भी छलफल कईले बाडन ।
कोरोना रोकथाम उच्चस्तरीय चिकित्सकीय सल्लाहकार विज्ञ समूह वीरगंज हेल्थ केयर, नेशनल ट्रेडिङ आ कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा के संरचना के भी निरीक्षण भी कईले बा ।
अवलोकन के बाद विज्ञ टोली तत्काल वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल के भाडा मे लेके कोरोना के विशेष अस्पताल बनावे सकेके अनौपचारिक जानकारी करावल सांसद प्रदीप यादव बतवनी ।
“विज्ञ टोली गण्डकस्थित वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल के भाडा मे लेके कोरोना विशेष अस्पताल बनावे सकेके जनवले बा । सञ्चालक से भी सकारात्मक प्रतिक्रिया देहले बाडन,” सांसाद यादव कहनी ।
तीन से ६ महिना भाडा मे लेके कोरोना विशेष अस्पताल बनावे सकेके अध्ययन टोली निष्कर्ष निकालल माकिर अन्तिम निर्णय ना भईल उनकर कहनाम बा ।
नेशनल ट्रेडिङ कृषि ज्ञान केन्द्र मे अस्पताल के खातिर जरुरी प्रबन्ध मिलावे मे समय आ खर्च बेसी लागेवाला भईला से तइयारी अवस्था मे रहल हेल्थ केयर के भाडा मे लेके कोरोना विशेष अस्पताल स्थापना कईल बढिया होखेके उनकर कहनाम बा ।
नारायणी अस्पताल के चिकित्सक भी अस्पताल मे कोरोना विशेष अस्पताल स्थापना कईला पर आउर सेवा प्रभावित होखेवाला भईला से निजी अस्पताल के भाडा मे लेवे खातिर उपयुक्त होखेके सुझाव देहले रहनी ।
प्रदेश सरकार मंगर के दिने हि कुछ स्वास्थ्य सामान नारायणी अस्पताल के उपलब्ध करवले बा । प्रदेश सरकार ४० थान पीपीई, ४० थान एन ९५ मास्क आ १५० थान सेनिटाइजर नारायणी अस्पताल के हस्तान्तरण कईल मुख्य मन्त्री के स्वकीय सचिव दीपक यादव जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले, सांसद प्रदीप यादव, वीरगंज महानगरपालिका मेयर विजयकुमार सरावगी, नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डा मदन उपाध्याय सहित के टोली सोमार के दिने जनकपुर पुग के मुख्यमन्त्री राउत के वीरगंज मे अलगे कोरोना विशेष अस्पताल स्थापना करेके दबाब देहले रहे ।





