भारत से आवेके क्रम ना रुकला के बाद चेकपोष्ट बढावल गईल

वीरगंज २६ चईत,

नेपाल–भारत खुला सीमा प्रयोग करके प्रदेश नं २ मे भारत से नेपाल आवेके क्रम ना रुकला के बाद पुलीस सीमानाका मे आउर चेकपोस्ट खडा कईले बा ।

आठ जिल्ला के ४३२ किलोमिटर मे १०० के हाराहारी मे चेकपोस्ट रहला मे कोरोना सङ्क्रमण के ध्यान मे राख के सरकार से लागू कईल तिसरका चरण के लकडाउन उल्लङ्घन करत भारत से नेपाल आ नेपाल से भारत आवेजाएके क्रम ना रुकल कहत प्रदेश नं २ पुलीस उ सीमा क्षेत्र मे आउर २२९ चेकपोष्ट थप के ओकर सङ्ख्या ३२९ बनवले बा ।

लकडाउन मे भी भारतीय नाका होत नेपाल प्रवेश करेके क्रम यथावत् रहला के बाद चेकपोष्ट सङ्ख्या बढावल गईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय के सूचना अधिकारी तिलक सुनार जानकारी देहनी । एकरा खातिर नेपाल तथा सशस्त्र पुलीस दुनु के सङ्ख्या बढावल गईल उ बतवनी ।

“प्रदेश मे पहिले सय गो के हाराहारी मे मात्र चेकपोष्ट रहे”, सूचना अधिकारी सुनार कहनी कि, “अभी ओकरा के बढाके ३२९ पुगावल गईल बा । भारत से नेपाल आवे सकेके सम्भावित जगहा मे चेकपोष्ट बनावल गईल बा ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।