एनएमबी बैंक प्रदेश नं.२ सरकार के एक सय थान पिपिई देहलख

धनुषा, २६ चईत,

प्रदेश नं. २ सरकार के एनएमबी बैंक चिकित्सक के खातिर जरुरी पडेवाला व्यक्तिगत सुरक्षा समान (पिपिई) सहजोग कईले बा ।

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) ईलाज के खातिर सहजोग पुगावे के उद्देश्य एनएमबी बैंक के निक्षेप प्रबन्धक मिथिलेश कुमार झा आजु सबेरे एक सय थान पिपिई मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के हस्तान्तरण कइनी ।
उ अवसर मे मुख्यमन्त्री राउत कोरोना सङ्क्रमण के ईलाज मे बहुते महत्वपूर्ण मानल गईल स्वास्थ्य सामान पिपिई ईलाज मे खटल स्वास्थ्यकर्मी के मनोबल बढाके उत्साहित बनावे मे सहजोगी भूमिका निर्वाह करेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश नं. २ के सामाजिक विकासमन्त्री नवल किशोर साह, प्रदेश के मुख्यन्यायधिवक्ता दिपेन्द्र झा आ चिकित्सकीय सल्लाहकार समूह के डा. राम केवल साह के सहभागीता रहल रहे ।

राहत सामान मे घोटाला कईल आरोप मे एक जने पकडईलें
राहत सामान किने मे घोटाला कईल आरोप मे धनुषा मे एक व्यापारी पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे धनुषा के क्षीरेश्वरनाथ नगरपालिका के मुख्य बजार महेन्द्रनगरस्थित अमृता जेनरल सप्लायर्स के सञ्चालक वीरेन्द्र साह रहल पुलीस जनवले बा ।

राहत सामान के तौल मे घटाके बिक्री कईल आरोप मे उनका के पकडल गईल बा । इलाका प्रहरी कार्यालय महेन्द्रनगर के प्रहरी निरीक्षक पप्पु नायक के मुताविक महेन्द्रनगरस्थित अमृता जेनरल सप्लायर्स अनेकन नगरपालिका के खातिर खाद्यान्न आपूर्ति करेके समय मे तोकल गईल तौल मे घटाके सामान प्याकिङ करके आपूर्ति करत आईल रहे ।

विश्वभर फईलल कोरोना भाइरस के महामारी के प्रभाव के नियन्त्रण करे खातिर सरकार वितल दु हप्ता से जारी राखल लक डाउन से प्रभावित दैनिक ज्यालादारी करेवाला मजदूर, विपन्न, गरिब आ दलित समुदाय के खातिर स्थानीय तहसब राहत स्वरूप उपलब्ध करावेवाला खाद्यान्न आपूर्ति के जिम्मेवारी लेहल साह कम तौल के सामान देहल उजुरी के आधार मे पुलीस आजु दोकान मे छापा मार के उनका के पकडल गईल प्रहरी निरीक्षक नायक जानकारी देहनी ।

धनुषा के गणेशमान चारनाथ नगरपालिका के खातिर १ हजार ५ सय पोका राहत प्याकिङ करेके जिम्मा मिलल अमृता सप्लयार्स के सञ्चालक साह कम तौल के खाद्यान्न बिक्री करके कालोबजारी कईल कहत इलाका प्रहरी कार्यालय महेन्द्रनगर के टोली उनका के पकडले बा ।

राहत मे नगरपालिका १० किलो चाउर, दु किलो आलु, एक किलो नुन, एक किलो दाल, आधा किलो तेल के राहत प्याकेज के अर्डर मिलल अमृता सप्लायर्स सभी सामान मे तौल कम कईले रहे ।

नगरपालिका के प्रमुख रामबाबु यादव चईत २५ गते हि फुन करके सञ्चालक साह के राहत सामान मे कम तौल भईल जानकारी करवले रहनी । ओकरा बाद फेनु कईल प्याकिङ् मे भी राहत सामान के तौल कम मिलला के बाद पुलीस सञ्चालक साह के गिरफ्तार कईले बा । नगरपालिका एक हजार ५ सय पोका अर्डर देहला मे ९ सय पोका वितरण कईले बा ।

पुलीस निरीक्षक नायक के मुताविक प्याकिङ कईल सभी पोका मे ३ सय से ४ सय ग्राम कम चाउर मिलल रहे । पकडाईल साह क्षीरेश्वरनाथ उद्योग वाणिज्य सङ्घ के कोषाध्यक्ष भी बानी । साह उपर नेपाल गुणस्तर तथा नापतौल विभाग से समन्वय करके मुद्दा चलावे के तइयारी हो रहल प्रहरी निरीक्षक नायक बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।