प्रशासन से सवारी पास लेके लागूऔषध तस्करी

विराटनगर २६ चईत,

दु गो स्थानीय तह आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय से सवारी पास लेके दु युवा लागूऔषध तस्करी कईल खुलल बा ।

सिराहा के गोलबजार नगरपालिका ३ रहेवाला सन्तोष सिंह आ मिर्चैया नगरपालिका– ५ रहेवाला विजयकुमार मण्डल जिल्ला प्रशासन कार्यालय सिरहा से लेहल पास के दुरूपयोग करत लागूऔषध तस्करी कईल खुलल बा ।

मंगर के रात लोग के साथ से ३१ ग्राम ६९ मिलिग्राम लागूऔषध ब्राउन सुगर बरामद भईल रहे । उलोग के साथ से बरामद लागूऔषध के प्रतिग्राम बजार मुल्य ५० हजार हाराहारी बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय मोरङ के प्रहरी उपरीक्षक विश्व अधिकारी के मुताविक, प्रदेश २, ००१ प २६७२ नम्बरके मोटरसाईकल मे सवार के चेकजाँच कईला पर ब्राउनसुगर बरामद भईल बा ।

पकडाइल युवा मिर्चैया के ७ नम्बर वार्ड कार्यालय आ कर्जन्हा नगरपालि वार्ड नम्बर २ से सवारी पास के खातिर सिफारिस लेहले बाडन । जिल्ला प्रशासन कार्यालय चईत २५ से २५ चईत तक दवाई ढुवानी के खातिर सवारी पास देहले रहे ।

लक डाउन के चलते सवारी साधन सञ्चालन मे रोक लगावल गईल बा । प्रशासन के अनुमति लेहल युवक शंकास्पद गतिविधि कईला के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय बेलबारी के टोली रोक के चेकजाँच कईले रहे ।

चेकजाँच के समय मे उलोग के साथ से लागू औषध मिलल बा ।
मिचैया से दमक तक के सवारी पास लेके आईल उलोग के पूर्व–पश्चिम राजमार्ग के बेलवारी नगरपालिका– ३ से मंगर के रात करिब साढे ७ बजे पकडल रहे ।

पकडाईल लोग लागूऔषध ओसारपसार करेवाला गिरोह के भरिया रहल पुलीस बतवले बा । पुलीस लागूऔषध सप्लाई करेवाला दमक के आदमी के भी खोजी तेज बनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।