संक्रमित राखल क्वारेन्टाइन से परीक्षण ना करके ११ जने के घर पठावल गईल

गौर ०२ बैशाख,

रौतहट स्थित कोरोना संक्रमित मिलल क्वारेन्टाइन से बेमारी के लक्षण ना देखल गईल कहत ११ जने के परीक्षणबिना हि घर पठवले बा ।

रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका ३ औरैया स्थित जनता माबि मे रहल क्वारेन्टाइन से कारोनो के लक्षण ना देखल गईल कहत स्वाब परीक्षण हि ना करके चईत २७ गते ११ जने के घर पठावल गईल खुलासा भईल बा ।
उ नगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा फांट के संयोजक ईशराजुल खान उलोग के १५ दिन क्वारेन्टाइन मे राख के परीक्षणबिना घर पठावल गईल बतवनी ।

भारत के कोलकता से आके चईत १२ गते से क्वारेन्टाइन मे रहल उलोग मे १५ दिन तक कोरोना संक्रमण के लक्षण ना देखल गईला से घर पठावल गईल संयोजक खान के कहनाम बा । ‘उ समय परीक्षण करे खातिर जनकपुर से चिकित्सलोग भी ना अईनी, दु हप्ता तक कउनो लक्षण ना देखल गईला के बाद घर पठावल गईल बा ।’ अभी उलोग के स्वाब परीक्षण करे खातिर बोलावल गईल उ जानकारी देहनी ।

भारत के कोलकत्ता से घर आईल उलोग क्वारेन्टाइन मे बईठल रहनी ।
उलोग बईठल क्वारेन्टाइन मे रौतहट के इशनाथ नपा ५ मोतीपुर के १९ बरीस के एक युवक के कोरोना संक्रमण देखल गईला के बाद अभी डर बढल स्थानीय बतवले बाडन ।

ईशनाथ नगरपालियका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नन्दकिशोर गुप्ता जनकपुर से स्वास्थ्यकर्मी के टोली स्वाब संकलन के खातिर समय मे ना आईल उलोग चईत २८ गते मात्र आइला से २७ गते हि रौतहट के सिडिओ बासुदेब घिमिरे सँगे समन्वय करके ११ जने के घर पठावल बतवनी ।

सिडिओ घिमिर उहे क्वारेन्टाइन मे रहल आदमी के कोरोना संक्रमण देखाई देहला के बाद सतर्क आ सजग होत उ समय छोडल गईल आदमीसब के ¥यापिड किट से टेष्ट करे लागल जनवले बाडन । अभी उ क्वारेन्टाइन मे ३० जने बाडन । चईत २८ गते २५ जने के स्वाव परीक्षण के खातिर संकलन करके लेजात एक जने युवक मे सक्रमण देखल गईल बा ।

उनका के रौतहट मे आइसोलेसन कक्ष ना भईला से ईलाज के खातिर वीरगंज लेगईल गईल बा । उ भारत के राजधानी दिल्लीस्थित पहाडगंज के एगो ब्याग कारखाना मे काम करत आईल रहलन । भारत मे भी लकडाउन के चलते कारखाना बन्द भईला के बाद चार जने युवक दिल्ली से घर फिर्ता भईल रहलन ।

चईत १४ मे दिल्ली से चलल उलोग ट्रक मे आईल रहनी । ट्रक १६ गते सबेरे मोतिहारी मे उतरला के बाद उहाँ से करीव ४० किलोमिटर के यात्रा पैदल चलके राति दश बजे ईशनाथ नपा के मोतिपुर घर आइल रहे ।

उलोग मेन रास्ता से ना होके खेत के रास्ता सिमाना पार कईल बतावल गईल बा । ईशनाथ के मोतीपुर टोल सिमाना लगे पडेला । संक्रमित युवक सँगे आईल आउर तीन जने के रिपोर्ट निगेटिभ आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।