लकडाउन मे राहत बाँटेमे भिड

जनकपुरधाम ४ वैशाख,
सरकार कोरोना भाइरस रोकथाम के खातिर बहुते भिडभाड रोके खातिर लकडाउन कईल भी तीन हप्ता पुगल बा ।
लकडाउन के समय मे जरुरी दोकान मे भिड होखे ना देवे खातिर अनेकन उपाय अपनावल गईल बा । माकिर लकडाउन कडाइ करेके स्थानीय सरकारलोग लकडाउन के बेवास्ता राहत वितरण मे बहुते भिड बनावेके आ बेटी के बियाह मे भोज करे तक के काम मे संलग्न देखल गईल बा । धनुषा के औरही गाँवपालिका ६ मे राहत बाँटेके समय मे बहुते भिड लागल बा ।
स्थानीय शंकर जनता माध्यमिक विद्यालय परिसर मे राहत लेवेवाला के बहुते भिड लागल आ उ समय मे सामाजिक दूरी कायम करेवाला विधिसब भी ना अपनावल मिलल बा । प्रदेश सरकार के निर्देशिका मे राहत हस्तान्तरण कईला पर लक्षित समूह के सदस्य के भौतिक दूरी न्यूनतम ३ फिट कायम करेके उल्लेख बा ।
एहितरे, राहत बाँटेवाला जगहा मे सेनिटाइजर, साबुन पानी अनिवार्य रुप से राखेके, राहत अनुदान बुझे स पहिले आ बाद मे भी हाथ धोवेके नियम बनावल गईल बा । माकिर इहाँ कउनो भी नियम के पालना कईल नइखे ।
वार्ड अध्यक्ष साह राहत के सूची मे नाम ना भईल आदमी से भिड लगावल बतवनी । उ वार्ड के २ सय ७ विपन्न परिवार के राहत देवे खातिर सूची तइयार कईल आ उ मेसे बियफे के दिने १ सय ९३ जने के राहत बाँटल बतावत विपन्न ना भईल आदमी बलजफ्ती रुप मे भिड बढावल बतवनी ।
‘हमनी दूरी मेन्टेन करत राहत बँटले बानी, माकिर सूची मे नाम ना भईललोग भिड बढईले रहलन’ कहके बतवनी । एने जनकपुरधामस्थित रेल्वे लाइन मे बियफे के दिने सबेरे तरकारी किनेवाला के भिड लागल रहे । धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कोषहरि निरौला भिड बढावेवाला आदमी के नियन्त्रण मे लेहल बतवनी ।
बेटी के बियाह मे भोज
लकडाउन के समय मे महोत्तरी के एक गाँवपालिका अध्यक्ष आपन बेटी के बियाह मे बहुते भिड आ भोज कईले बाडन ।
महोत्तरी गाँवपालिका के अध्यक्ष सुनिल राय के बेटी के बियाह बियफे के दिने तय भईल बा । एकरा से पहिले बुध के दिने कईल मटकोर विधि मे बडका भोज कईल रहे । बेसी साउण्ड मे डिजे बजाके उ मटकोर आ भोज कईल सूचना मिलला के बाद सचेत करावल महोत्तरी के प्रहरी प्रमुख एसपी श्यामकृष्ण अधिकारी बतवनी ।
‘भिड ना करे खातिर हमनी अध्यक्ष के कहला पर का होखी त ? कहके सवाल कइनी’ एसपी अधिकारी कहनी, ‘लक डाउन के पालना करावेवाला आदमी हि अईसन कहला पर का कईल जाँव ?’





