पर्सा के सभी जगहा मे निषेधाज्ञा जरुरी ना देखल गईल : प्रजिअ तामाङ

वीरगंज ११ भादो
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी अस्मान तामाङ निषेधाज्ञा के मोडल मे बदलाव करेके बतवले बाडन । कोरोना भाइरस संक्रमण नियन्त्रण आ रोकथाम के खातिर निषेधाज्ञा जरुरी देखल गईला पर भी जिल्लाभर जरुरत ना भईला से परिमार्जन करेके बतवनी ।
बियफे के दिने पत्रकारलोग से बातचीत करत प्रजिअ तामाङ वीरगंज के पश्चिम ओरी विन्दबासिनी पार कईला के बाद निषेधाज्ञा जरुरी बा भा नइखे कहके विषय मे सरोकारवाला से छलफल हो रहल बतवनी ।
“पर्सा के सभी जगहा मे निषेधाज्ञा जरुरी नइखे देखल गईल, मोडिफाई कईल जरुरी बा ।
संक्रमण फईलल जगहा मे उ नो मुभमेन्ट जोन बनावल जा सकता” कहत उ “निषेधाज्ञा जरुरत भी ह । मोडिफाई करके जाएके सोंच बनवले बानी, ओकरा खातिर सरोकारवाला से छलफल कईल जा रहल बा ।”
कोरोना संक्रमित के संख्या एक्कासी बढे लागला के बाद वीरगंज महानगरपालिका मे सावन १० गते से आ जिल्ला मे सावन १९ गते से हि निषेधाज्ञा लगावल गईल बा । निषेधाज्ञा के म्याद भादो १३ गते तक बा ।
निषेधाज्ञा मे दैनिक रुप मे जरुरी पडेवाला सामान के आपूर्ति सँझिया के समय मे करे देहल आ खाए ना मिलल आदमीसब के खातिर राहत के प्रबन्ध मिलावे के तईयारी भी जिल्ला मे कईल उ बतवनी ।
“बहुते विपन्न खाए ना सकेके अवस्था मे पुगल आदमी के खातिर नेपाल पुलीस, सशस्त्र पुलीस आ महानगरपालिका के समन्वय मे राहत उपलब्ध करावे के तइयारी कईल गईल बा” कहत प्रजिअ तामाङ “हाथमुख जोडे खातिर समस्या भईल वर्ग के भुखे ना रहे दिआई ।”
उद्योग कलकारखाना के अनुगमन ना करके सञ्चालन करे ना देवेके बतावत प्रजिअ तामाङ उद्योग से जरुरत मुताविक क्वारेन्टिन आ आइसोलेसन सेन्टर के व्यवस्था मिलावेके बतवनी ।





