विदेश मे जोखिम मे रहल नेपाली के उद्धार करे खातिर सर्वोच्च के आदेश

काठमाण्डु ४ वैशाख
सर्वोच्च अदालत वैदेशिक रोजगारी मे रहल बहुते जोखिम अवस्था के नेपाली नागरिक के उद्धार करे खातिर सरकार के आदेश देहले बा ।
न्यायाधीश सपना प्रधान मल्ल के इजलास से विदेश मे जोखिम मे रहल नागरिक के नियमन आ नियन्त्रण के शर्त बन्देज सहित फिर्ता लियावे के भा उद्दार के पहल करे खातिर अन्तरिम आदेश देहले बा ।
विदेश मे जोखिम मे रहललोग अनियन्त्रित आ अव्यवस्थित रुप मे नेपाल प्रवेश से आउर जोखिम होखेके कहत सर्वोच्च नागरिक के उहाँ से जोगावे खातिर नागरिक के स्वास्थ्य आ सुरक्षा के हित के ध्यान देत उद्धार करे खातिर आदेश देहले बा ।
‘कुछ देश वैदेशिक रोजगारी मे रहल नेपाली के फिर्ता लेजाए के दबाब देरहल आ कैयन वैदेशिक रोजगारी मे रहल नेपाली घर फिर्ता करे खातिर आपन सरकार से निहोरा कर रहल कहके रिट निवेदक से उठावल विषय मे राज्य टुलुटुल देख के रहे ना सकल जाई’ आदेश मे कहल बा ।
महामारी के अवस्था मे सरकार वैदेशिक रोजगारी मे गईल नागरिक के हक मे तत्काल पर्याप्त आ प्रभावकारी आउर प्रयास कईल जरुरी देखल गईल सर्वोच्च उल्लेख कईले बा ।
आप्रवासी नेपाली कामदार के कोभिड १९ से बँचावे खातिर परमादेश लगायत के आज्ञा आदेश माग करत अधिवक्ता सोमप्रसाद लुइँटेल, प्रकाश खनाल आ सुदीप देवकोटा बुध के दिने सर्वोच्च मे रिट दायर कईले रहलन ।
उ रिट उपर सुनुवाई करत न्यायाधीश मल्ल के इजलास कोरोना महामारी फईलल देश मे वैदेशिक रोजगारी मे रहल नेपाली के नेपाली दूतावास भा श्रम सहचारी मार्फत कोरोना भाइरस संक्रमित नेपाली के स्वास्थ्य स्थिति प्रतिवेदन तइयार करेके आ विश्व स्वास्थ्य संगठन के मापदण्ड मुताविक स्वास्थ्य सेवा आ ईलाज मिलेके व्यवस्था करे खातिर भी आदेश देहले बा ।






