छिपहरमाई मे राहत बाँटेके विषय मे झडप

वीरगंज ०५ बैशाख,

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. ३ झलमहिया मे आजु राहत बाँटेके समय मे दु पक्ष बिच झडप भईल बा ।

उ झडप मे पर के एक गाँवपालिका पुलीस सहित तीन जने घायल भईल पुलीस जनवले बा । झडप मे पर के गाँवपालिका पुलीस बिनोद साह कानु आ स्थानिय रामप्रवेश यादव, चन्द्रिका साह कानु घायल भईल जनावल गईल बा ।

घायल मेसे रामप्रवेश आ चन्द्रिका के मुडि फुटल तथा देह के अनेकन भाग मे चोट लागल आ गाँवपालिका पुलीस बिनोद के घेंट मे समान्य चोट लागल इलका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक चन्द्र कुमार सिंह बतवनी । घायललोग के अवस्था सामान्य रहल स्थानियबासी बतवले बाडन ।

बिश्वभर महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड १९) संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्र के खातिर भईल लकडाउन मे प्रभावित अति गरिब परिवार के राहत बाँटेके समय मे झडप भईल बा । झडप के समय मे ईटापथल भी चलल स्थानियबासी बतवले बाडन ।

स्थानियलोग के मुताविक वार्ड नं. ३ झलमहिय मे राहत बाँटे खातिर सर्बदलिय समिति २ सय २५ जने के नामावली तइयार कईले रहे ।

माकिर बाँटेके समय मे एक सय २५ जने के नमावली मात्र लेके गाँवपालिका के टोली राहत बाँटे पुगला के बाद अति गरिब आ विपन्न परिवार बिरोध कईला पर गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता पक्षधर से विवाद भईला पर झडप भईल रहे ।

राहत मिलेवाला के नमावली मे नाम छुटल अति गरिब परिवार गाँवपालिका अध्यक्ष गुप्ता के बोलावे खातिर राहत बाँटेवाला टोली से कहले रहलन ।

गाँवपालिका अध्यक्ष गुप्ता अईला पर मात्र राहत वितरण बाँटेके स्थानियलोग अडान लेहला के बाद झडप भईल बतावल गईल बा । राहत मिलेवाला लोग से बियफे के दिने हि रात मे भर्पाई करईला के चलते भी बिवाद भईल स्थानियलोग के कहनाम बा ।

सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प बन्जारी के प्रहरी निरिक्षक हरि पराजुली के उपस्थिती मे झडप भईल स्थानियलोग बतवले बाडन । झडप भईला के बाद सशस्त्र पुलीस लाठी चार्ज कईला पर आ इलका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक सिंह नेतृत्व के प्रहरी टोली पुगला के बाद झडप नियन्त्रण मे आईल रहे ।

उ घटना के सम्बन्ध मे गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज गुप्ता ट्रयाक्टर से राहत सामान उतारे के समय मे कुछ आदमी गाँवपालिका के पुलीस उपर पथल चलावल बतवनी । माकिर कउनो किसिम के झडप ना भईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।