धादिङ के धार्के मे अलपत्र पडल मजदुर के ठोरी लियावल गईल

मेघराज राय
जीराभवानी ०६ बैशाख
लकडाउन के चलते धादिङ के धार्के ईट्टाभट्टा मे काम करत आईल १०० जने मजदुर लकडाउन के २६ वाँ दिन ठोरी आईल बाडन ।
परीवार सहित १०० जने के हाराहारी मे रहल उलोग २६ दिन से धार्के मे अलपत्र पडला के बाद पैदल चलके जाए के तइयारी कईले रहलन ।
उलोग के पैदल अलपत्र होखेवाला भईला के बाद ईट्टाभट्टा कोईला लादेवाला ट्रक बारा के पथलैया तक लिआईल रहे ।
पथलैया से २० किलो मिटर पैदल यात्रा कईल मजदुरलोग के बढनियार के स्थानीय खाना खियाके ठोरी के सुवर्णपुर तक लिआईल रहलन ।
ओकरा बाद ठोरी गाँवपालिका गाँवपालिका के टिपर मे ठोरी–२ स्वास्थ्य चौकी लिआईल बा ।
लियावल गईल सभी जने के ठोरी २ स्वास्थ चौकी मे बोखार जाँच कईला के बाद आपन घर पठावल गईल बा । चेकजाँच के समय मे सभी के बोखार सामान्य रहल ठोरी स्वास्थ्य चौकी जानकारी देहले बा ।






