आउर ८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

काठमाण्डु २७ वैशाख

शनिचर के दिने मात्र नेपाल मे ८ जने कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमित थपाईल बाडन ।

उलोग मेसे चार जने उदयपुर के भुल्के के हउवन ।

तीन जने कपिलबस्तु आ एक जने पर्सा के हउवन ।

एकरा सँगे नेपाल के कुल संक्रमित के संख्या ११० पुगल बा ।

उलोग मेसे २८ जने ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय शनिचर के दिने सबेरे ७ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बतवले रहे ।

उ मेसे तीन जने उदयपुर के त्रियुगा नगपालिका–३ भुल्के के हउवन ।

सँझिया भुल्के के आउर एक जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आइल बा ।

चारु जने जनानी बाडि । एकरा से पहिले कोरोना परीक्षण कईला पर उलोग के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल रहे ।

माकिर उ समय संकलन कईल थ्रोट स्वाब के परीक्षण देर से भईला से रिपोर्ट मे शंका लाग के फेनु नमुना संकलन कईल रहे ।

आ १८, ४३, ४५ आ ६५ बरीस के जनानी मे पोजेटिभ देखल गईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय उदयपुर के प्रमुख मोहन सुवेदी जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक शनिचर के दिने थपाईल संक्रमित मेसे दु जनानी के मरद के एकरा से पहिले कोरोना पोजेटिभ देखल गईल रहे ।

भुल्के मे पहिलका बेर वैशाख ५ गते १२ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल रहे ।

आ ई संख्या बढ के ३२ पुगल बा ।

उलोग मेसे १४ जने ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन आ आउर के विराटनगर के कोशी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

शनिचर के दिने पोजेटिभ देखल गईल तीन जने के भी उहें लियावल गर्यल बा ।

उलोग के स्वास्थ्य अवस्था सामान्य बा ।

एहितरे कपिलबस्तु मे आउर तीन जने संक्रमित मिलल बाडन । १७, १८ आ १८ बरीस के पुरुष मे संक्रमण देखल गईल बा ।

उलोग बियफे के दिने मिलल दु संक्रमितलोग सँगे वैशाख २४ गते चोरालुका के नेपाल आईल खुलल बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी दीर्घनारायण पौडेल के मुताविक मायादेवी गाँवपालिका २ अभिराव के उलोग रात के समय मे नेपाल आईल रहलन ।

मुम्बई से आ रहल जानकारी मिलला के बाद स्थानीयवासी उलोग के गाँव मे प्रवेश करे ना देके रास्ता मे रोक के पकडी छत्रपाली मावि मे बनावल गईल क्वारेन्टाइन मे पठावल वार्ड नं. २ के वार्ड अध्यक्ष सफरुद्दीन मुसलमान बतवनी ।

उलोग के बुटवल के धागो कारखानास्थित कोरोना अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

वीरगंज मे आउर एक संक्रमित
एहितरे शनिचर के दिने थपाईल एक संक्रमित वीरगंज उपमहानगरपालिका–३ छपकैया के ६३ बरीस के पुरुष हउवन् ।

उ किराना दोकानदार हउवन ।

छपकैया मे एक परिवार के १८ जने मे संक्रमण मिलला के बाद कन्ट्रयाक ट्रेसिङ के समय मे उनकर भी थ्रोट स्वाब संकलन कईल रहे ।

उनका के नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।