नेकपा नेता देवचन्द्र चौधरी के मृत्यु
प्रभु यादव
बारा २७ बैशाख
साविक मनहर्वा गाविस के अध्यक्ष देवचन्द्र प्रसाद चौधरी के ८० बरीस के उमिर मे जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका १७ जैतापुर स्थीत आपन घर मे आजु सँझिया मृत्यु भईल बा ।
२०५४ साल मे तत्कालिन नेकपा एमाले से मनहर्वा गाविस के अध्यक्ष के जिम्मेवारी पुरा कईल चौधरी कुछ बरीस पहिले से पिसाव सम्बन्धी बेमारी से पिडित रहनी ।
२०४० साल के स्थानिय निर्वाचन से गाविस के उपाध्यक्ष भी भईल रहनी ।
चौधरी के पार्थीव शरिर मे नेकपा जिल्ला सहईन्चार्ज एवं प्रदेशसभा सदस्य ज्वाला कुमारी साह पार्टी के झण्डा ओढाके अन्तीम श्रद्धाञ्जली ब्यक्त कईले रहनी ।
पूर्व जनप्रतिनीधि चौधरी देश, जनता आ पार्टी के खातिर कईल योगदान भुले ना सकेके सात बतवनी।
र्आ््आ्आ्
समाज के खातिर विनास्वार्थ निष्ठापूर्वक अहोरात्र काम करेवाला चौधरी से आजु के कम्युनिष्टलोग बहुते बात अनुशरण करे सकेके बतवनी ।
चौधरी के मृत्यु से पुरे पार्टी आ समुदाय मे अतुलनीय नोक्सानी पुगल उनकर कहनाम रहे ।
चौधरी २०२८ साल से नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी नजिक रह के सामाजिक सेवा मे लागल रहनी ।
२०४७ साल मे पार्टी के कृयाशिल सदस्य होत गाविस अध्यक्ष बनल उ सालिन नेता एवं सामाजिक अगुवा के रुपमे परिचित रहल स्थानिय नेकपा रोहीत प्रसाद चौधरी बतवनी ।
चौधरी के आजु लगे के पसाह खोला मे हिन्दु परम्परा मुताविक अन्त्यष्ठी कईल बा ।
अन्त्यष्टी मे नेकपा युवा संगठन के केन्द्रीय सचिव ध्रुब यादव, स्थानिय नेतालोग भिम लामा, अर्जुन प्रसाद दाहाल, रोहीत प्रसाद चौधरी, अशोक लामा, अमृत शर्मा बजगाई, बसन्त खतिवडा, प्रेमलाल यादव, आत्माराम भट्टराई, टंक प्रसाद लुईटेल लगायत स्थानिय के सहभागिता रहल रहे ।
चौधरी के मेहरारु एक बेटा आ दु गो बेटी रहल बाडि ।






