होटल प्याकेट के खाना देहलख, डाक्टरलोग भुखे गईलन काम मे

वीरगंज ०१ जेठ
प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित के ईलाज करेवाला मुख्य जगहा के रुपमे वीरगंज बनत गईल बा ।
पर्सा मात्र ना, बारा, रौतहट के साथे प्रदेश २ के आउर जिल्ल के कोरोना संक्रमितलोग के भी नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
संक्रमित के चाप बढला के बाद एगो सामुदायिक विद्यालय मे भी सेमी आइसोलेसन वार्ड बनाके राखे लागल बा ।
नारायणी अस्पताल मे ७० जने आ सिद्धार्थ मावि के आइसोलेसन कक्ष मे १७ जने संक्रमितलोग ईलाज करा रहल बाडन ।
तीनु मरेजीलोग के ईलाज करेवाला चिकित्सकलोग के खाना तथा रहे खातिर वीरगंज स्थित ’कन्ट्री इन’ होटल के चईत ३० गते से क्वारेन्टाइन स्थल के रुप मे प्रयोग करत आईल गईल रहे ।
एक महिना से होटल सञ्चालक हरि पन्त खाना आ रहेके व्यवस्था मिलावत आ रहल बाडन ।
माकिर बियफे के दिने सबेरे एकाएक अस्पताल के चिकित्सक के होटल बाहर से लियावल खाना देहल गईल ।
खाना के प्याकेट हाथ मे पडला के बाद लम्हर समय से उहे होटल मे खात रहत आईल चिकित्सकलोग आश्चर्य चकित भईलन ।
होटल मे खाए पुगल चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मीलोग खाना के प्याकेट हाथ मे राख के एक दोसर के देखत रहलन ।
प्याकेट के खाना खोल के देखला पर गुणस्तरहीन देखला के बाद सबेरे के खाना केहु भी ना खईलन ।
चिकित्सकलोग खाना ना खाके काम मे फिर्ता भईल जानकारी मिलला के बाद अस्पताल के डा. उदनारायण सिंह होटल सञ्चालक से ई बारेमे सवाल कइनी ।
‘होटल के सञ्चालक से वास्तविकता बुझला पर जेठ १ गते से खाना बाहर से व्यवस्था करेके सहमति मुताविक आईल रहे,’ डा. सिंह कहनी कि, ‘वीरगंज महानगरपालिका के मेयर (विजय सराबगी) आ होटल सञ्चालक बीच के सहमति मुताविक हि खाना बाहर से आईल रहे ।’
बुध के दिने अस्पताल के एक नर्स मे कोरोना पुष्टि भईल आ ओकर बिहान भईला चिकित्सक के खाना बाहर से लिअईला से होटल सञ्चालक उपर नकारात्मक शंका उत्पन्न भईल स्वाभाविक रहल डा. सिंह बतवनी ।
बाहर से आईल खाना गुणस्तरहीन भईल सिकाईत चिकित्सकलोग कईला के बाद होटल सञ्चालक खुदे सँझिया के खाना तइयार करके चिकित्सक के खियावल डा. सिंह बतवनी ।
सिंह कहनी कि, ‘हमनी के चिकित्सकलोग उहे होटल मे अभी रहत बाडन । रहे ना देहल कहके बात मे सत्यता नइखे ।
ड्युटी मे ना पडल चिकित्सलोग अभी होटल मे आराम कर रहल बानी ।’
होटल सञ्चालक पन्त मेयर सँगे भईल सहमति मुताविक हि सबेरे के खाना बाहर से आईल दाबी कइनी ।
‘चिकित्सक मे कोरोना देखल गईला के चलते होटल खाना ना खियावल कहके बात मे कउनो सत्यता नईखे,’ कहत पन्त, ‘होटल मे स्टाफ कमी भईला पर भी खाए रहेके प्रवन्ध मिलावत आहल बाडन ।
यहे रहे आ खाएके चिकित्सक मे संक्रमण देखला के बाद सतर्कता अपनावे के बात आपन जगहा मे बढले बा ।
भईल स्टाफ भी डरा के आजु से काम मे आईल छोडले बा ।
हम खुदे खाना बनाके खईले बानी । विश्वास ना भईला पर इहाँ रहेवाला चिकित्सक से पुछला से होखी ।’
पन्त कहनी कि, ‘एकरा से पहिले भी केहु खाए आ रहे देवेके ना मानल समय हम चिकित्सकलोग रहे खातिर होटल उपलब्ध करवले रहनी । अभी बीच मे आके होटल बन्द करेके कउनो कारण हि नइखे ।’
कन्ट्री इन होटलम मे ३० जने चिकित्सलोग नियमित खाना खात रहत आईल होटल सञ्चालक पन्त बतवनी । चिकित्सकलोग के खातिर ३० गो रुम भी बुक कईल उ बतवनी । उलथा अनलाईन






