भारत से नेपाल आवेवाला क्रम जारी

मेघराज राय
जीराभवानी ०३ जेठ
कोरोना भाईरस के महामारी रोके खातिर सरकार से लगावल लकडाउन तथा स्थानीय प्रशासन से जारी कईल निषेधाज्ञा मे भी भारत से पर्सा जिल्ला होत नेपाल आवेके क्रम रुकल नइखे ।
सीमा नाका भी बन्द रहल आ निषेधाज्ञा भी जारी कईल अवस्था मे भी धमाधाम भारत से नेपाल आवेके क्रम ना रुकला के बाद स्थानीय प्रशासन उपर भी सवाल उठा रहल बा ।
ओने, भारतीय सुरक्षाकर्मीलाग भी भारत से नेपाल आवेवाला आदमीसब के रोकला के बदले घर फिर्ता जाए खातिर सहज बताबरण बनावल जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. २ सेढवा क्वारेन्टाइन मे रहल नेपालीलोग बतवले बाडन ।
भारत से सिमा जुडल अलगे नाका होके बितल रात मात्र ११ बजे ३४ जने नेपालीलोग भारत के दिल्ली आ मुम्बई, जलन्धर, बनारस से घर फिर्ता आईल सूचना मिलला के बाद घर पुगे से पहिले रास्ता मेसे हि ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा क्वारेन्टाइन मे लेजाके रखले बा ।
उलोग जानकीटोला, पाण्डेपुर, पिडारि नाका होके घर आईल प्रतिक्रिया देहले बाडन । रोजगारी के सिलसिला मे उलोग दिल्ली आ मुम्बई, जलन्धर, बनारस पुगल रहलन ।
उलोग के जिराभवानी गाँवपालिका सेढवा के ने.रा. माध्यमिक विद्यालय के क्वारेन्टाइन मे राखल जिराभवानी गाँवपालिका स्वास्थ्य संयोजक सफिकुल अन्सारी बतवनी ।
प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत कुलोतम प्रसाद पोखरेल के मुताविक दिल्ली, बनारस, जलन्धर से आईललोग के स्वास्थ्य मे खासे कउनो लक्षण ना देखल गईल आ क्वारेन्टाइन मे अलग अलग बेड राखल, उलोग के चाहना मुताविक उचित खाना के ब्यवस्था कईल बा ।
पोखरेल के मुताविक सिपटी आ क्वारेन्टाइन आरीपाछि नियमित सेनिटाईज करे खातिर स्प्रे कर रहल आ जरुरत मुताविक स्वास्थ्यकर्मी के खटावल गईल बा ।
क्वारेन्टाइन आरीपाछि स्वास्थ्य, सुरक्षा आ सरसफाइ मे कडाई कईल गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत पोखरेल दाबी कइनी । पर्सा के सीमा क्षेत्रसब मे आउर बेसी कडाई करेके स्थानीय के माग रहल बा ।
सशस्त्र प्रहरी आ नेपाल प्रहरी पर्सा के सीमा क्षेत्र के सुरक्षा अवस्था कडाई कईल दाबी कईला पर भी ग्रामीण नाका होके आवेके क्रम ना रुकल स्थानीयलोग बतवले बाडन । अभी जिराभवानी गाँवपालिका के क्वारेन्टाइन मे ५१ जने रहल बाडन ।






