९२ हजार मे परीक्षण क्वारेन्टाइन मे १६३६६ जने

काठमाण्डु ३ जेठ
अभी तक नेपाल मे ९२ हजार ४४० जने मे कोरोना परीक्षण कईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय बतवले बा ।
बितल माघ से अभी तक कोरोना संक्रमण से नेपाल मे एक जने के मृत्यु भईल बा । स्वास्थ्य मन्त्रालय के मुताविक कोरोना संक्रमित के कुल संख्या शनिचर के सँझिया तक २८१ पुगल बा ।
शनिचर के एके दिन १४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
बर्दिया के २८ बरीस के जनानी, सिराहा सखुवा नान्कारकट्टी के ३० बरीस के पुरुष, पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका–१२ के २८ आ २९ बरीस के पुरुष, सर्लाही रामनगर के १८ बरीस के जनानी आ चितवन गढौली के २५ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे कपिलवस्तु के आउर ३ जने मे शिवराज नगरपालिका के चन्द्रौटा निवासी २५, ३४, ४४ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
शनिचर के दिने हि महोत्तरी मे दु जने सैनिक मे भी कोरोना पुष्टि भईल बा ।
२६ बरीस के आ ५२ बरीस के सैनिक मे कोरोना पुष्टि भईल बा । ई मेसे एक जने मध्यपूर्वी पृतना के पृतनापति हउवन् ।
शनिचर के दिने हि धनुषा के २० आ ६५ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमित मेसे ३६ जने ठिक होके घर फिर्ता गईल बाडन ।
९२ हजार से बेसी के परीक्षण
संक्रमण रोकथाम के सरकारी प्रयाससब के बारे मे पिछिलका तथ्यांक प्रस्तुत करत स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा कहनी कि, ‘पीसीआर विधि से करेवाला परीक्षण आजु तक २६ हजार ६९१ पुगल बा ।
आरडीटी विधि से करेवाला परीक्षण के संख्या ६५ हजार ७४९ पुगल बा । दुनु मिला के आजु तक कुल ९२ हजार ४४० जने के परीक्षण भईल बा ।
पिछिलका चौबीस घण्टा मे पीसीआर विधि से २ हजार ५७९ जने मे कोरोना परीक्षण कईल देवकोटा बतवनी ।
ई समय मे आरडीटी विधि से २ हजार ६६४ गो परीक्षण भईल बतावत उ, ‘पिछिलका एक दिन मे ५ हजार २४३ गो परीक्षणसब पुरा भईल बा ।’
आइसोलेसन मे ३२० जने
मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. देवकोटा के मुताविक कोरोना संक्रमित आ सम्भावित संक्रमतिलोग करके शनिचर के सँझिया तक देशभर से ३२० जने आइसोलेसन मे बा ।
अईसे आइसोलेसन मे रहल मेसे ३२ जने उपत्यका मे बाडन आ उपत्यका बाहर २८८ जने बाडन ।
आइसोलेसन मे रहल संक्रमित आ सम्भावित संक्रमतिलोग मेसे प्रदेश एक मे २४ जने बाडन आ प्रदेश दु मे १११ जने बाडन ।
एहितरे वागमती प्रदेश मे ६४ जने, प्रदेश पाँच मे ११५ जने आ सुदुरपश्चिम प्रदेश मे ५ जने आइसोलेसन मे बाडन ।
गण्डकी प्रदेश मे एक जने मात्र आइसोलेसन मे रहल स्वास्थ्य मन्त्रालय बतवले बा ।
कर्णाली बाहेक के ६ गो प्रदेश मे करके कुल ३२० जने आइसोलेसन मे रहल मन्त्रालय जनवले बा ।
क्वारेन्टाइन मे १६३६६ जने
मन्त्रालय से देहल पिछिलका विवरण मुताविक देशभर मे क्वारेन्टाइन मे रहेवाला के संख्या शनिचर के सँझिया तक १६ हजार ३३६ जने बा ।
प्रदेश एक मे ९३८ जने क्वारेन्टाइन मे रहल बाडन आ प्रदेश दु मे २ हजार ६३ जने आ वागमती प्रदेश मे २ सय जने बाडन ।
एहितरे गण्डकी प्रदेश मे ३२६ जने क्वारेन्टाइन मे रहल बाडन ।
प्रदेश नम्बर पाँच मे १० हजार २२२ जने के क्वारेन्टाइन मे राखल बा ।
कर्णाली प्रदेश मे ९८९ जने आ सुदूरपश्चिम प्रदेश–१० हजार ६२८ जने क्वारेन्टाइन मे बाडन ।
आरडीटी परीक्षण के प्रादेशिक तथ्यांक
सरकार पिछिलका समय आरडीटी विधि से करेवाला परीक्षण के जारी रखले बा ।
अभी तक ६५ हजार ७४९ जने मे आरडीटी विधि से कोरोना जाँच कईला मे आरडीटी परीक्षण के प्रादेशिक तथ्यांक अईसन बा ।
प्रदेश एक मे ९१११ जने, प्रदेश दु मे ५९८७ जने, वागमती प्रदेश मे १०४५२ जने, गण्डकी प्रदेश मे ६९३२ जने, प्रदेश पाँच मे ८४९० जने, कर्णाली प्रदेश मे ७३७२ जने, सुदूरपश्चिम प्रदेश मे १७४०५ जने रहल बाडन ।






