जेठ २० गते तक लकडाउन बढावे के मन्त्रिपरिषद के निर्णय

काठमाण्डु ४ जेठ

सरकार लकडाउन जेठ २० गते मध्यरात तक बढावे के निर्णय कईले बा । मन्त्रिपरिषद् के एतवार के दिने बईठल बईठक से लकडाउन बढावे के निर्णय कईल सरकार के प्रवक्ता एवं सञ्चार आ अर्थमन्त्री डा. युवराज खतिवडा जानकारी देहनी ।

नेपाल मे कोरोना संक्रमण के दुसरका केस मिलल बिहान भईला सरकार ११ चईत मे देशभर लकडाउन लागू कईले रहे । ओकरा बाद बेर बेर लकडाउन के समय थप भईल बा । पिछिलका बेर थपाईल समय जेठ ५ तक रहे ।

जेठ ५ के बाद जोखिम के आधार मे लकडाउन सहज भा कडा करेके काहल गईल रहे । माकिर पिछिलका समय मे कोरोना संक्रमित के संख्या बढ के २९५ पुगल बा आ दु जने के कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु भईल पुष्टि भईल बा ।

उहे चलते एतवार के दिने हि बईठल कोभिड–१९ सम्बन्धी उच्चस्तरीय समन्वय समिति के बईठक से लकडाउन बढावे के निष्कर्ष निकलले रहे ।
सञ्चारमन्त्री डा. खतिवडा के मुताविक लकडाउन के नयाँ मोडालिटी के बारे मे उच्चस्तरीय समिति मे छलफल हो रहल बा ।

“लकडाउन आ सामान्य आर्थिक जीवन के सँगे लेजाए के हमनी के बाध्यता बा । आ, ई बारेमे कुछ छलफल भईल बा” कहके बतवनी ।

लकडाउन के थपाईल समय मे भी कृषि उद्योग, ढुवानी, आयोजना निर्माण के कामसब निरन्तर रही ।

“बहुते आदमीसब क्वारेन्टाइन मे रहल बानी आ उलोग के उत्पादक समय बेकार जा सकता ।

ओहिसे क्वारैन्टाइन मे रहके कउनो काम मे जोडल जा सकता कि कहके हमनी छलफल कर रहल बानी” कहके बतवनी ।

सभी नागरिक के रोग प्रतिरोधात्मक क्षमता बढावे के पडि कहके छलफल भईल आ एकरा खातिर औषधिजन्य जडिवुटी के बारे मे जनतचेतना जगावे के योजना बा ।

कोरोना के जोखिम कहिया तक होखी कहके यकिन ना भईल कहत उ, लकडाउन मे रहला पर आउर शारीरिक समस्यासब भी ना होखेके आ नेपालीलोग के रोग प्रतिरोधात्मक क्षमता बढावल जा सकता कहके सरकार के नीति तथा कार्जक्रम मे आरोग्य के बात के बेसी जोड देहल गईल बा ।”

सीमा मे रहल नेपाली नागरिकलोग के साथे क्वारेन्टाइन के स्तर आ क्षमता के बारे मे भी छलफल चल रहल कहत उ समिति के दोसर बईठक से लकडाउन के मोडालिटी के बारे मे निर्णय करेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।