पर्सा मे निषेधाज्ञा हटल, लकडाउन आउर प्रभावकारी बनावल जाई बारा मे निषेधाज्ञा जेठ २० गते तक थपाईल

वीरगंज ०५ जेठ
पर्सा जिल्ला मे बितल वैशाख ३१ गते से लागू भईइल निषेधाज्ञा हटल बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे आजु बईठल बईठक से सोमार के रात १२ बजे तक लागू कईल निषेधाज्ञा हटावे के निर्णय कईले बा ।
जिल्ला मे लागू कईल निषेधाज्ञा हटावत लकडाउन के प्रभावकारी बनावे के निर्णय भईल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
बईठक से समाजिक दुरी कायम करके कृषि तथा खेतीपाती करे देवेके, ढुवानी के सहज वातावरण बनावे के, अतिआवश्यक उद्योगसब सञ्चालन करेके, मलखाद, बिउ विजन के उचित प्रबन्ध करेके, खेती करेवाला किसान के उचित प्रोत्साहित करेके निर्णय कईल बस्नेत बतवनी ।
एहितरे बईठक से भारतीय तरकारी आ फलफुल आयात मे पूर्ण रुप मे प्रतिबन्ध लगावे के निर्णय भी कईले बा ।
मंगर से वीरगंज के अतिआवश्यक खाद्य सामान विक्री वितरण करेवाला किराना दोकानसब मे सामाजिक दुरी कायम करके उच्च स्वास्थ्य सतर्कता के साथ निहोरा आ दोकानदार से सामान खरिद तथा बिक्री करे मिलेके निर्णय कईले बा ।
बितल वैशाख ३० गते एके दिन ५७ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईला के बाद जिल्ला प्रशासन कार्यालय सेना परिचालन कईला के साथे निषेधाज्ञा जारी कईले रहे ।
एहितरे मध्य तराई के बारा, पर्सा आ रौतहट मे कोरोना संक्रमित के संख्यामा वृद्धि भईला सँगे जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा निषेधाज्ञा जारी कईले बा ।
सुरक्षा समिति के सोमार के दिने बईठल बइठक से मंगर के सबेरे ६ बजे से जेठ २० गते रात १२ बजे तक के खातिर निषेधाज्ञा लागू करेके निर्णय कईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।
मध्य तराई मे कोरोना संक्रमित मरेजी के बढल संख्या के मध्यनजर राखत पर्सा आ रौतहट जिल्ला से कार्यालय लगायत के आउरकाम मे बारा जिल्ला आवेमे भी रोक लगावे के निर्णय बईठक से कईले बा ।
वाणिज्य बैंकसब पालहा से खोलेके व्यवस्था मिलावे के निर्णय भईल बा ।
जरुरी सेवासब स्वास्थ्य, विद्युत, सञ्चार, खानेपानी, खाद्यान्न, दूध, पानी, ग्यास, तेल, तरकारी, दावई, एम्बुलेन्सस कृषि उपज तथा उत्पादन मछरी, मुर्गी, मल आ बिया के व्यवसाय खुल्ला रही । औद्योगिक कच्चा पदार्थ लादेवाला ढुवानी के साधन के सवारी पास जरुरी ना पडि ।
संक्रमण के जोखिम के मध्यनजर करत स्थानीय प्रशासन से जिल्ला भितर मात्र लागू होखेवाला किसिम से सिकिस्त मरेजी, बहुते जरुरी काम बाहेक आउर प्रयोजन के खातिर पास जारी ना करेके निर्णय बईठक से कईले बा ।
भारत से सीमा नाका जुडल जगहासब से आवात जावत मे पूर्ण रुप मे बन्द करेके निर्णय कईले बा आ जरुरी काम बाहेक आउर काम के खातिर केहु के भी घर से बाहर ना निकले खातिर निहोरा कईले बा ।






