बारा मे भारत से आईल ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण

बारा ०८ जेठ,
भारत के आदापुर से नेपाल आईल बारा के एक पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
आदापुरस्थित क्वारेन्टाइन मे रहके नेपाल आइल पचरौता नगरपालिका १ पिपरपाती के ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
रोजगारी के खातिर भारत पुगल उनकर आदापुरस्थित क्वारेन्टाइन मे रहल समय स्वाब परीक्षण कईल रहे । परीक्षण रिपोर्ट ना आवते उ जेठ ५ गते आदापुर से नेपाल आईल रहलन ।
पिपरपाती स्थित नाका से नेपाल प्रवेश करेके खोजल उनका के पुलीस नियन्त्रण मे लेके स्थानीय क्वारेन्टाइन मे रखले रहे ।
पचरौता नगरपालिका पिपरपाती स्थित क्वारेन्टाइन मे रहल पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल जानकारी आदापुर से अईला के बाद उनका के कलैया स्थित अस्पताल के आइसोलेसन मे लियावे के तइयारी कईल बा ।
बारा के प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र आदापुर से स्थानीय स्वास्थ्यकर्मी के जानकारी अईला के बाद उनका के कलैया लियावे के तइयारी कईल बतवनी ।
पुरुष के कोरोना संक्रमण देखल गईल कहत खबर अईला के बाद उनका के कलैया लियावे लागल बा, कहत मिश्र, ’कलैया लिया के आइसोलेसन मे राख के फेनु पीसीआर परीक्षण कईल जाई कहनी ।






