भारत से नेपाली आवे लागला पर क्वारेन्टाइन क्षमता बढावल गईल

वीरगंज ०८ जेठ

भारत मे लकडाउन सहज भईला सँगे नेपाल फिर्ता आवेवाला के संख्या बढे लागला के बाद पर्सा मे स्थापना कईल क्वारेन्टाइन के क्षमता बढावल गईल बा ।

पर्सा जिल्ला के १४ गो स्थानीय तह मे करके कुल २५ जगहा मे क्वारेन्टाइन स्थापना कईल बा ।

उ २५ गो क्वारेन्टाइन मे १ हप्ता पहिले तक ४ सय के मात्र राखे सकेके व्यवस्था कईल रहे ।

माकिर भारत से नेपाल फिर्ता होखेवाला के संख्या बढे लागला के बाद पर्सा मे रहल क्वारेन्टाइन मे पूर्वाधार आ आउर जरुरी बन्दोबस्ती करके अभी १ हजार जने राखे सकेके बनावल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललीतकुमार बस्नेत बतवनी ।

भारत मे लकडाउन सहज करके रेल आ बस सेवा सुचारु कईला सँगे रोजगारी भा आउर काम के शीलशीला मे रहल नेपाली फिर्ता होखेके क्रम बढला से ओकरा के मध्य नजर करके क्वारेन्टाइन के क्षमता बढावल गईल उ बतवनी ।

३ दिन पहिले तक क्वारेन्टाइन मे २४७ जने मात्र रहला मे बुध तक उ संख्या बढ के ४ सय पुगल उ बतवनी ।

पर्सा के क्वारेन्टाइन मे अभी ३१ जनानी आ ३ सय ६९ पुरुष रहल जानकारी देत उ कहनी कि, ‘४ सय मेसे अधिकांश भारत से आईल हि बाडन ।

पर्सा के १४ गो स्थानीय तह भारत से सीमा जुडल बा ।

पर्सा के १०७ किलोमिटर सीमा भारत के बिहार से जुडल बा ।’

नेपाल से भारत प्रवेश करेके आधिकारिक नाका पर्सा मे वीरगंज, भिस्वा, प्रसौनीभाठा, भिस्वा, जानकीटोला आ ठोरी करके ६ गो बाडन ।

ई ६ नाका बाहेक खुल्ला सीमा के चलते खेत, नहर आ जंगल के रास्ता होत भी नेपाल भारत आवत जावत हो रहल बा ।

भारत से पर्सा के नाका होत नेपाल प्रवेश करेवाला मेसे पर्सा के बासिन्दा के सम्बन्धित पालिका के क्वारेन्टाइन मे राखल जा रहल बा ।

आउर जिल्ला के नेपाली के सम्बन्धित जिल्ला के स्थानीय प्रशासन से समन्वय करके उलोग के जिल्ला मे पठावल जा रहल आ लेके जाएके ना मानेवाला के पर्सा के क्वारेन्टाइन मे राखेके तइयारी कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत बतवनी ।

पर्सा मे रहल क्वारेन्टाइन सरकार से तोकल मापदण्ड अनुसार के ना भईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत स्वीकार कईनी ।

जिल्ला के २५ गो क्वारेन्टाइन विद्यालय आ क्याम्पस मे स्थापना कईल बा ।

अधिकांश क्वारेन्टाइन मे सकार से तोकल मापदण्ड पुगल नइखे, कुछ समस्या बा’, कहत उ, ‘पालिकासब से साधन श्रोत अनुसार कईले बाडन ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।