वीरगंज के कबाडी गोदाम मे आगी लागल

वीरगंज १० जेठ
वीरगंज के आदर्शनगरस्थित एक कबाडी गोदाम मे आजु दुपहरिया आगी लागल बा ।
दुपहरिया करिब ३ बजे के समय मे हिरालालप्रसाद साह सोनार के प्लास्टिक के कबाडी गोदाम मे आगलागी भईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरिक्षक वीरेन्द्रबहादुर शाही जानकारी देहनी ।
सोनार दोसर के जमिन भाडा मे लेके सञ्चालन कईल प्लास्टिक के कबाड गोदाम मे आगलागी भईला पर करिब एक लाख पचास हजार बराबर के नोक्सानी भईल हो सकेके अनुमान कईल बा ।
डीएसपी शाही कहनी कि, “प्रारम्भिक अनुसन्धान के समय मे आगलागी से करिब एक लाख पचास हजार बराबर के नोक्सानी भईल बा ।
आगलागी के कारण खुले नइखे सकल । अनुसन्धान के बाद मात्र आगलागी के कारण खुली ।”
स्थानीयवासिन्दा, पुलीस आ अग्नी नियन्त्रक के टोली करिब ४५ मिनेट भितर मे आगी नियन्त्रण मे लेहल उ बतवनी ।






