मुख्यमन्त्री राईद्वारा ईद के शुभकामना
विराटनगर, १२ जेठ
प्रदेश नं १ के मुख्यमन्त्री शेरधन राई कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण से सुरक्षित होके इद मनावे खातिर मुस्लिम समुदाय से निहोरा कईले बानी ।
इस्लाम धर्मावलम्बीलोग के महान् पर्व इदउल फित्र के अवसर मे आजु शुभकामना सन्देश जारी करत उ ई बरीस विश्वभर फईलल कोभिड–१९ के चलते ई चाडपर्व खुला आ भव्यरुप मे आयोजना करके मनावे खातिर सम्भव ना भईला से सुरक्षित होके इद मनावे खातिर मुस्लिम समुदाय से निहोरा कईले बानी ।
उ अनेकन धर्म, संस्कृति, वेषभूषा, रहनसहन आ पहिचान के विविधिता से सम्पन्न हमनी के देश मे हरेक जातजाति आ धर्म के आपन आपन मौलिक संस्कृति आ पहिचान रहल बतावत उ सन्देश मे कहले बानी, “धार्मिक तथा सांस्कृतिक विविधतायुक्त हमनी के देश मे मनावेवाला ईदउल फित्र जईसन पर्व से देश भितर बसोबास करेवाला अनेकन जातजाति, भाषाभाषी आ धार्मिक समुदायबीच आपसी मेलमिलाप, सद्भाव आ भाइचारा के प्रवद्र्धन करत ऐतिहासिक एवं मौलिक संस्कृति आ परम्परा के संरक्षण तथा सम्वद्र्धन करे खातिर महत्वपूर्ण योगदान पुगवले बा ।”
मुख्यमन्त्री राई नेपाल लगायत विश्व के अनेकन देश मे रहल इस्लाम धर्मावलम्बी मनावे के इदउल फित्र चाड के भी अपन अलगे पहिचान, मौलिकता आ विशिष्टता रहल बा उल्लेख करत हमनी के देश मे मनावेवाला ई आ अईसन चाडपर्व के माध्यम से कायम होखेवाला एकता तथा सामाजिक सद्भाव के दीगो आ दरिलो बनावे के ओरी लागल हमनी सभी के कर्तव्य ह सन्देश मे कहल गईल बा ।
उ सन्देश मे स्वदेश तथा विदेश मे रहल सभी नेपाली दाजुभाइ तथा दिदीबहिन मे सुख, शान्ति, समृद्धि एवं उत्तरोउत्तर प्रगति के खातिर शुभकामना व्यक्त कईले बानी । उ ईदउल फित्र पर्व से हमनी सभी नेपाली मे शान्ति, समृद्धि, भ्रातृत्व, सद्भाव, सहिष्णुता आ एकता कायम करत समृद्ध प्रदेश निर्माण मे अगाडि बढेमे एवं कोभिड–१९ के पराजित करे खातिर सभी मे उत्प्रेरणा मिलो कहके शुभकामना भी व्यक्त कईले बानी ।





