वीरगंज नाका से साढे ५ सय अईलें

वीरगंज १४ जेठ
भारत के रक्सौल मे अलपत्र पडल ५ सय ५५ जने नेपाली बुध के दिने वीरगंज नाका होत नेपाल आईल बाडन ।
लकडाउन के चलते भारत के रक्सौल नाका मे लम्हर समय से अलपत्र पडल नेपाली के बुध से उद्धार करके नेपाल लियावल सुरु कईल बा ।
पहिलका दिन रक्सौल से नेपाल के २९ जिल्ला के करके ५ सय ५५ नागरिक के वीरगंज के मुख्य भन्सार नाका होत लियावल बा ।
उ मेसे पर्सा के १५७ बाडन । बारा के ६९ जने बाडन आ काठमाण्डु जिल्ला के २६ जने बाडन ।
आउर रौतहट, मकवानपुर, चितवन, रुकुम, दाङ, सुर्खेत, नुवाकोट, जाजरकोट लगायत के जिल्ला के रहल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललीत बस्नेत जानकारी देहनी ।
पर्सा के नागरिक के सम्बन्धित पालिका के क्वारेन्टाइन मे एक हप्ता रहेवाला किसिम से राखल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित बस्नेत जानकारी देहनी ।
बारा के ६९ जने के भी आपन जिल्ला के क्वारेन्टाइन मे रहेवाला किसिम से स्थानीय प्रशासन सँगे समन्वय मे बारा पठावल गईल बा ।
वीरगंज लियावल मेसे आजु रुकुम के २५, रौतहट के १३, धादिङ के २०, दाङ के ३९, सुर्खेत के ३१ आ जाजरकोट के ४ जने के भी सम्बन्धित जिल्ला के स्थानीय प्रशासन से समन्वय करके बस मे चढाके पठावल बस्नेत जानकारी देहनी ।
पठावे ना सकल नागरिक के वीरगंज के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा ।
उलोग के बियफेक े दिने सम्बन्धित जिल्ला से समन्वय करके पठावेके बस्नेत बतवनी ।
रोगजगारी, धार्मिक तिर्थ यात्रा लगायत के अनेकन काम के खातिर भारत मे रहल नेपाली घर फिर्ता होखेके समय मे लकडाउन के चलते रक्सौल नाका मे रुकके अलपत्र पडल रहलन ।
भारत से घर फिर्ता आवेके समय मे रक्सौल नाका मे आके पुगल २२२ जने नेपाली के भारत रक्सौल स्थित हजारीमल विद्यालय के क्वोन्टाइन मे १ महिना से राखल रहे ।
कुछ नेपालीलोग रक्सौल स्थित आइसीपी मे रुकके हप्ता दिन से अलपत्र पडल रहलन ।
२ दिन मे ७३८ भारतीय गईलें
एहितरे लकडाउन से भारतस्थित आपन घर जाए ना मिलल वीरगंज मे रुकल ७ सय ३८ जने भारतीय नागरिक फिर्ता भईल बाडन ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के मुताविक, मंगर आ बुध के दिने ७ सय ३८ जने भारतीय के वीरगंज के आइसीपी नाका होत भारतीय अधिकारी के जिम्मा लगाके पठवले बाडन ।
बितल जेठ ६ मे भी वीरगंज मे रुकल २ सय १५ भारतीय नागरिक के भारतीय अधिकारी के जिम्मा लगाके भारत पठावल रहे ।






