पुलीस के आतंक विरुद्ध कर्मचारी हडताल मे उतरला के बाद वीरगंज महानगर के सरसफाइ के काम बन्द

वीरगंज १७ जेठ
पुलीस से ज्यादति कईल कहत सरसफाइकर्मी हडताल मे उतरला के बाद वीरगंज महानगर के सरसफाइ के काम आजु से बन्द भईल बा ।
फुहर उठावे खातिर सडक मे निकलला पर पुलीस पिटपाट कईल कहत महानगरपालिका के सरसफाइकर्मी हडताल मे उतरल बाडन ।
सरसफाइकर्मी हडताल मे उतराल के बाद आजु से महानगर के फुहर उठे नइखे सकल ।
वीरगंज महानगरपालिका ठेक्का आ आपन कर्मचारीमार्फत महानगर के फुहर उठाके ल्याण्डफिल साइट मे लेजाके व्यवस्थापन करत आईल बा ।
सरसफाइ मे खटेवाला कर्मचारी के पुलीस अवरोध करत पिटपाट करे लागला के बाद आजु से सरसफाइकर्मी काम मे ना आईल महानगर के सरसफाइ के ठेक्का लेहल पृथ्वी तारा एनके इन्टरनेशनल जेभी के निर्देशक शिव गुप्ता बतवनी ।
बितल बियफे के दिने सरसफाइ कर्मचारी छोटेलालप्रसाद कुश्वाहा के पुलीस पिटपाट करके मोटरसाइकल भी छिनके दुर्व्यवहार कईला के बाद उहे दिन सफाइ कर्मचारी फुहर उठावल छोडले रहलन ।
ओकरा बाद नगर प्रमुख विजय सरावगी प्रमुख जिल्ला अधिकारी आ प्रहरी उपरिक्षक से समन्वय करके उ दिन सफाइ कर्मचारी के काम मे फिर्ता कईले रहलन ।
शुक के सँझिया फेनु ठेला मे जम्मा भईल फुहर ट्याक्टर मे राख के ल्याण्डफिल साइट ओरी लेके जाएके समय मे माईस्थान चोक मे पुलीस सरसफाइ कर्मचारी के अवरोध करत दुर्व्यवहार कईले रहलन ।
बेर बेर पुलीस से अवरोध, दुर्व्यवहार आ पिटपाट होखे लागला के बाद सरसफाइकर्मी आजु से फुहर उठावल छोड के हड्ताल मे उतरल बाडन ।
कोरोना के महामारी मे ज्यान भी जोखिम मे राख के खटल सरफाइकर्मी उपर पुलीस बेर बेर अनावश्यक दुर्व्यवहार आ अवरोध कईला से काम करेमे समस्या भईल सरसफाइ के ठेकेदार कम्पनी पृथ्वी तारा एनके इन्टरनेशनल के निर्देशक गुप्ता बतवनी ।
गुप्ता कहनी कि, “लडकाउन मे सडक मे डिउटी मे खटल पुलीस के सरसफाइ कर्मचारी के परिचय पत्र आ गृहमन्त्रालय से परिपत्र कईल कागज देखईला पर भी पुलीस कउन ह गृहमन्त्रालय ? हमनी ना मानेम एसपी जउन आदेश दिहन उहे करेम कहके जवाफ देवेलन ।”
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख सरावगी लकडाउन पालना के बहाना मे पुलीस महानगर के सरसफाइ मे बेर बेर अवरोध करत आईल बतवनी ।
कोरोना के महामारी मे ज्यान जोखिम मे राख के काम करेवाला सरसफाइकर्मी के पुलीस अवरोध आ दुर्व्यवहार कईल चार बेर भइल”, कहत उ, “सिडिओ आ एसपी से कहत कहत हम हार चुकल बानी” कहके बतवनी ।
पुलीस से ज्यादती कईल कहत शनिचर से सरसफाइ कर्मचारी काम मे आवेके ना मानल उ बतवनी ।
आजु से महानगर के फुहर ना उठल कहत, “फुहर ना उठला पर ओकरा से नयाँ संक्रमण फईलेके खतरा बा माकिर पुलीस प्रशासन बात हि नइखन बुझत ।”
हडताल मे रहल सरसफाइकर्मी के काम मे लगावे खातिर प्रयास हो रहल जनावल गईल बा ।






