आउर १६६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, संक्रमित के संख्या १५६७ पुगल

काठमाण्डु १८ जेठ
पिछिलका २४ घण्टा मे एतवार के दिने आउर १६६ जने मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय एतवार के दिने आयोजना कईल नियमित मिडिया ब्रिफिङ मे मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा आउर १६६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल जानकारी देहनी ।
जउना मेसे १६२ जने पुरुष आ ४ जनानी बाडि । एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या १५६७ पुगल उ बतवनी । जउना मेसे १४५० जने पुरुष आ ११७ जने जनानी बाडि ।
पोखरा प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे तनहुँ रिसिङ के २१, स्याङ्जा गल्याङ के २७ आ ४० बरीस के पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
नारायणी अस्पताल वीरगंज मे कईल परीक्षण मे पर्सा के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के क्वारेन्टिन मे रहल २२ से ३६ बरीस के ५ जने पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कर्णाली स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान जुम्ला मे कईल परीक्षण मे ३७ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
जमेसे कालीकोट शुभकालिका के १९ बरीस से ५२ बरीस के १३ जने आ कालीकोट के महावै गाँवपालिका के २० से ४२ बरीस के ५ जने पुरुष संक्रमित बाडन ।
एहितरे, दैलेख देवलकाँडा के १८ से २२ बरीस तक के ५ जने, नारायण नगरपालिका के १६ से ४८ बरीस के ९ जने, दुल्लु के ३५ बरीस के एक जने पुरुष, सिमडा के २६ बरीस के एक जने पुरुष, रातापानी के ३८ बरीस के पुरुष आ साडु के २२ बरीस के पुरुष बाडन ।
कर्णाली स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे कईल परीक्षण मे बाजुरा जुजुनाथ के ४० बरीस के पुरुष के भी रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
एहितरे, प्रदेश अस्पताल सुर्खेत आ पशुपन्छी अन्वेषण प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे २६ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
जउना मे सल्यान कुपिन्डे के ११ से ६० बरीस के २५ जने पुरुष बाडन आ सुर्खेत बराहाताल–१ के ४ महिने बच्चा के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
धुलिखेल अस्पताल मे कईल परीक्षण मे कपिलवस्तु शिवराज के ३२ बरीस के पुरुष के रिपोर्ट भी पोजेटिभ आईल बा ।
एहितरे, भेरी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे ८ जने के पोजेटिभ आईल बा । उलोग सभी बाँके के हउवन ।
जउना मेसे नेपालगंज के १६ से ४२ बरीस के चार जने पुरुष, नरैनापुरका २१ आ २२ बरीस के दु पुरुष, वैजनाथ के ३५ बरीस के आ खजुरा के ३० बरीस के पुरुष बाडन ।
एहितरे, धरान वीपी स्वास्थ्य प्रतिष्ठान मे कईल परीक्षण मे १२ जने के पोजेटिभ आईल बा । उलोग सभी सप्तरी के राजगढ के १७ से ४५ बरीस के पुरुष बाडन ।
एहितरे, सेती अस्पताल मे कईल परीक्षण मे ५ जने के पोजेटिभ आईल बा । जउना मेसे कैलाली के भजनी के २३ बरीस के, जानकी गाँवपालिका के ३४ बरीस के, त्रिनगर क्वारेन्टिन मे रहल ४७ बरीस के पुरुष रहल बाडन ।
कोशी मे कइल परीक्षण मे बाजुरा अस्पताल मे ईलाज करा रहल २ बरीस के लइकी आ २३ बरीस के जनानी मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे, कोसी अस्पताल मे कईल परीक्षण मे पाँच जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
जउना मे झापा गौरीगंज के २३ से ३९ बरीस के चार जने पुरुष बाडन आ मोरङ विराटनगर के ४५ बरीस के एक जनानी बाडि ।
एहितरे, राष्ट्रिय प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे ६४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
जउना मेसे धनुषा के १९ से ४६ बरीस के २१ जने पुरुष, कपिलवस्तु के २५ से ४१ बरीस के चार जने पुरुष, रौतहट के ४, ९, १२ बरीस के लईका से लेके ५२ बरीस के पुरुष सहित २९ जने आ सर्लाही के एक बरीस के लईका से ५० बरीस के पुरुष सहित १० जने बाडन ।





