नारायणी अस्पताल मे ओपिडी सेवा शुरु

वीरगंज २० जेठ,

वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे बहिरङ्ग सेवा शुरु भइला के बाद सर्वसाधारण खुशी भईल बाडन ।

अस्पताल मे भर्ना भईल ७१ जने कोरोना सङ्क्रमित ठिक होके घर फिर्ता भईला के बाद अस्पताल के सङ्क्रमण मुक्त करके डायलायसिस, इमर्जेन्सीसहित आजु से बहिरङ्ग सेवा शुरु कईल बा ।

अस्पताल मे आवेवाला मरेजी के सामाजिक दूरी कामय राखत सेवा लेवेके व्यवस्था अस्पताल प्रशासन मिलवले बा ।

पहिलका दिन मे २५÷२५ जने मरेजी के स्वास्थ्य ईलाज से मेडिकल, गाइनो, अर्थो लगायत के ओपिड से शुरुवात कईल बा आ मरेजी भर्ना के अभी रोकल अस्पताल मे मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

उ अस्पताल के कुछ क्षेत्र अभी भी सङ्क्रमण मुक्त करके पिसिआर परीक्षण करेके बाँकी भईला से मरेजी के भर्ना ना कईल बतवनी ।

कोभिड सङ्क्रमित राखल क्षेत्र के परीक्षण पुरा भईला के बाद मरेजी के भर्ना तथा अप्रेशन सेवा भी शुरु करेके उ जानकारी देहनी ।

अस्थायी कोभिड उपचार केन्द्र मे अस्पताल के परिणत करत आउर ईलाज सेवा बन्द भईला के बाद सेवाग्राही समस्या मे पडल रहलन ।

अस्पताल ओपिड सेवा शुरु कईला के बाद एकर लाभ गरिब जनता के मिलेके नागरिक समाज के अगुवा नेजामुद्दिन समानी जानकारी देहनी ।

उ गरिब के ईलाज होखेवाला मुख्य जगहा के रूप मे रहल अस्पताल के सङ्क्रमण मुक्त करके बाँकी ईलाज सेवा जलदी से जलदी सञ्चालन करे खातिर अस्पताल प्रशासन से निहोरा कइनी ।

बारा, पर्सा, रौतहट, सार्लाही लगायत सिमावर्ती भारतीय शहर से दैनिक एक हजार २०० से बेसी मरेजी ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल मे आवेलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।