मिथिला वाईल्ड लाइफ ट्रष्ट बारा के गर्भवती तथा सुत्केरी जनानीलोग के बँटलख राहत

वीरगंज २० जेठ,

बारा जिल्ला के करैयामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ८ तथा कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १६ के गरिब तथा अतिबिपन्न घरपरिवार के मिथिला वाईल्ड लाइफ ट्रष्ट, मिथिला बिहारी न.पा. वडा नं. ३ धनुषा राहत बँटले बा ।

विश्वभर महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) से बँचे खातिर नेपाल सरकार लकडाउन कईले बा ।

लकडाउन मे दैनिक मजदुरी करके खाएवाला गरिब, अतिबिपन्न परिवार पूर्ण रुप से प्रभावित भईल अवस्था मे मिथिला वाईल्ड लाइफ ट्रष्ट सामाजिक दुरी कायम करत राहत बँटले बा ।

करैयामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ८ के वार्ड अध्यक्ष सुरेन्द्र साह के विशेष उपस्थिति मे बेलाही टोल के गरिब तथा अतिबिपन्न ४८ घरपरिवार के आ कलैया उपमहानगरपालिका १६ के स्थानीय युवा समाजसेवी अनिल कुमार कुशवाहा के नेतृत्व मे मझौलिया टोल के ५९ घर परिवार के आजु राहत बाँटल गईल बा ।

नेपाल युवा परिषद बारा, भोर संस्था, भोजपुरी टाइम्स दैनिक के सहकार्य मे बाँटल गईल राहत मे चाउर, दाल, आलु, पियाज, खाएवाला तेल, नुन, स्वाबिन, नहाएवाला साबुन, हरिहर तरकारी के प्याकेट प्रति परिवारा के बाँटल गईल ट्रष्ट बारा के प्रतिनिधि राजेश प्रसाद कुशवाहा बतवनी ।

राहत सामान मिलला पर उ टोल के स्थानियलोग के मुहार मे खुसी देखल गईल रहे ।
राहत वितरण कार्जक्रम मे भोजपुरी टाइम्स दैनिक पत्रिका के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया, मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट पर्सा के प्रतिनिधि श्रवण प्रसाद साह, नेपाल युवा परिषद् बारा के सचिव दिवाकर प्रसाद कलवार, संचारकर्मी दिपक चौरसिया, रंजित चौरसिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

मिथिला वाइल्डलाइफ ट्रस्ट छोरा छोरी, गानडिज आ लास्ट नाइट अ डिजे सेभड माई लाइफ संस्थासब के आर्थिक सहजोग मे ई विषेश एकिकृत पोषण प्याकेज मे सहकार्य कईले बा ।

मिथिला वाइल्डलाइफ ट्रस्ट आ भोर के सहकार्य मे देश के १५ जिल्ला के २२५० विपन्न परिवार के गर्भवती तथा सुत्केरी जनानी के उ पोषण प्याकेज देवेके योजना रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।