फेनु चक्रवात के सम्भावना : नेपाल मे भी पड सकता प्रभाव
काठमाण्डु २० जेठ
नेपाल मे फेनु दोसर चक्रवात के प्रभाव परेके जनावल गईल बा ।
दक्षिणपूर्वी अरब सागर मे रहल न्यून चापीय प्रणाली उत्तर ओरी अगाडि बढत बा । आवेवाला २४ घण्टा मे उ प्रणाली विकसित होत चक्रवात होखेके सम्भावना रहल बा ।
ओकर प्रभाव से नेपाल के कुछ जगहा मे जुन ४, ५ आ ६ अर्थात (जेठ २२–२४) मे वर्षात के साथे पश्चिमी उच्च हिमाली क्षेत्र मे हिमपात भी होखेके सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।
कुछ दिन पहिले बङ्गाल के खाडी मे विकसित शक्तिशाली चक्रवात अंपुन के अप्रत्यक्ष प्रभाव से नेपाल के पूर्वी आ मध्य भूभाग मे हावाहुरी सहित वर्षात भईल रहे ।
मौसमविद् विभूति पोखरेल के मुताविक नेपाल मे चक्रवात के प्रत्यक्ष असर ना करी । नेपाल तक अईला पर उ प्रणाली कमजोर होजाई । नेपाल मे चक्रवात के आंशिक प्रभाव मात्र परेके बतावल गईल बा ।
अभी तक के अवस्था के देखला पर उ चक्रवात के प्रभाव से सुदूरपश्चिमी भूभाग के कुछ जगहा मे वर्षात आ पश्चिमी उच्च हिमाली भूभाग मे हिमपात होखेके सम्भावना रहल मौसमविद् पोखरेल बतवनी ।






