पर्सा से २ जने सेना सहित ५ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके डिस्चार्ज

वीरगंज २२ जेठ,
पर्सा जिल्ला के नारायणी अस्पताल मातहत मे रहल नारायणी कोरोना विशेष अस्थायी अस्पताल गण्डक मे ईलाज करा रहल ५ जने ठिक होके घर गईल बाडन ।
दुगो कोरोना रिपोर्ट नेगेटिभ अईला सँगे आजु दिन के ५ जने के डिस्चार्ज कईल अस्पताल जनवले बा । डिस्चार्ज होखेवाला मे बारा के २ जने आ पर्सा के ३ जने रहल बाडन ।
बारा के कलैया मे कार्यरत ३५ आ ३६ बरीस के २ सैनिक डिस्चार्ज भईल बाडन । उलोग मे जेठ १३ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद ईलाज के खातिर नारायणी कोरोना विशेष अस्थायी अस्पताल गण्डक मे भर्ना कईल रहे ।
एहितरे पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ के २५ बरीस के पुरूष, वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ५ के २५ बरीस के पुरूष आ वार्ड नम्बर १६ के ७० बरीस के पुरूष डिस्चार्ज भईल अस्थायी अस्पताल के ईन्चार्ज डा. उदय नारायण सिंह बतवनी । पर्सा जिल्ला के जिराभवानी–४ रहेवाला २५ बरीस के पुरुष जेठ १२ गते संक्रमण पुष्टि भईला के बाद अस्पताल मे भर्ना कईल रहे आ वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ५ आ १६ के दुनु जने जेठ ११ गते अस्पताल मे भर्ना कईल डा. सिंह बतवनी ।
अभी तक पर्सा के नारायणी अस्पताल से ७२ जने आ नारायणी अस्पताल मातहत के कोरोना विशेष अस्थायी अस्पताल गण्डक से ३० जने कोरोना भाइरस के पराजित करके घर फिर्ता भईल बाडन ।
अभी कोरोना विशेष अस्थायी अस्पताल गण्डक मे बारा जिल्ला के ३ जने, रौतहट के ५ जने आ पर्सा जिल्ला के २० जने करके २८ जने ईलाज करा रहल डा. सिंह बतवनी । पर्सा जिल्ला से १०२ जने कोरोना जित के घर फिर्ता भईल बाडन ।
बितल समय मे नारायणी अस्पताल मे रहल संक्रमितलोग के ईलाज मे संलग्न चिकित्सकलोग खुदसब के देखभाल बढिया से ना कईल सिकाईत कर रहला पर अभी अस्थायी अस्पताल गण्डक मे चिकित्सकलोग खुदसब के देखभाल मे कउनो किसिम के लापरवाही ना कईल आ खुदसब के नियमित रुप मे देखभाल करत आईल आजु डिस्चार्ज भईल एक आदमी बतवनी ।
नारायणी कोरोना विशेष अस्थायी अस्पताल गण्डक मे रहल कोरोना संक्रमितलोग के ईलाज मे संलग्न चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मी, सरसफाईकर्मीलोग के टिम के क्वारेन्टाईन मे राखल गईल बा ।
आजु से चिकित्सकलोग के नयाँ टिम कोरोना के संक्रमतिलोग के ईलाज करेके अस्पताल जनवले बा ।






