रुकुम (पश्चिम) घटना के छानबिन करे खातिर संसदीय विशेष समिति गठन कईल जाई

काठमाण्डु २३ जेठ,
छ जने के मृत्यु होखेवाला किसिम से रुकुम–पश्चिम के चौरजहारी नगरपालिका–८ सोती मे भईल घटना के छानबिन करे खातिर संसदीय विशेष समिति गठन होखेके जनावल गईल बा ।
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक मे सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा बेर बेर प्रमुख प्रतिपक्षी दल उ घटना के अनुसन्धान करे खातिर संसदीय छानबिन समिति गठन करेके माग कररहल आ आउर राजनीतिक दल भी ई विषय के प्रमुखता के साथ उठईला से समिति गठन करेके जानकारी देहनी ।
उ घटना के सम्बन्ध मे पहिलका बईठक मे भी बात उठला से ओकरा के सम्बोधन करे खातिर तथा उ घटना के जरुरी अध्ययन तथा अनुगमन करके सभा मे प्रतिवेदन पेश करे खातिर प्रतिनिधिसभा मे प्रतिनिधित्व करेवाला दल से जरुरी छलफल के बाद प्रतिनिधिसभा नियमावली, २०७५, नियम १७७ बमोजिम संसदीय विशेष समिति गठन करेके जनावल गईल बा ।
ओकरा से पहिले प्रमुख प्रतिपक्षी दल नेपाली काँग्रेस रुकुम (पश्चिम) घटना के निष्पक्ष छानबिन करे खातिर सर्वदलीय संसदीय छानबिन समिति के गठन करेके फेनु माग कईले रहे ।
बईठक मे समय माग करके काँग्रेस सचेतक पुष्पा भुसाल उ घटना के सम्बन्ध मे सरकार के ओरी से प्रभावकारी छानबिन होखेमे आशङ्का देखल गईल जनावत संसदीय छानबिन जरुरी रहल बतवनी ।
घटना के अनुसन्धान के सरकार के ओरी से प्रभावित बनावेके आ हल्का बनावेवाला तरिका से राज्य के अभिव्यक्ति आईल आरोप लगावत उ कहनी कि, “घटना मे अपराध मात्र भईल नइखे, मानावताविरुद्ध के गम्भीर अपराध भईल बा, जातीय विभेद अन्त्य करे खातिर कानून बनावल गईल माकिर ई घटना से परिवर्तनकामी समुदाय मे अन्याय कईले बा ।”
इहे जेठ १० गते जाजरकोट आ रुकुम(पश्चिम) के स्थानीयवासीबीच विवाद भईला पर उ घटना भईल रहे ।
बईठक मे सांसदद्वय सरिता गिरी आ अमृता अग्रहरी कुछ दिन पहिले सदन मे सांसद गंगा चौधरी से देहल वक्तव्य से खुदसब के अपमान भईल जनावत चौधरी माफी मागेके बतवनी ।
बईठक मे शिक्षा तथा स्वास्थ्य समिति के सभापति जयपुरी घर्ती ‘शिक्षा तथा स्वास्थ्य समिति के वार्षिक प्रतिवेदन, २०७७’ पेश कइनी ।






