पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे रासायनीक मल के कमी देखावत कालाबजारी, सम्बन्धित निकाय मौन

मेघराज राय
जीराभवानी २६ जेठ
कृषी मे आत्मानिर्भर पर्सा के ग्रामिण क्षेत्र मे रासायनीक मल के कमी देखावत महंगा दाम मे बेंच रहल स्थानीयलोग सिकाईत कईले बाडन ।
रासायनीक मल बेंचेके अनुमती लेहल सहकारी आ ब्यवसाहिक संस्थासब अभी के समय मे रासायनीक मल के कमी रहल बतावत महंगा दाम मे किनेके पड रहल स्थानीय सिकाईत कईले बाडन ।
जीराभवानी के एक स्थानीय कृषक सहकारी मार्फत बितरण हो रहल जगहा मे शुरुवात मे युरीया नइखे कहलन माकिर उहे जगहा से ३० रोपेया प्रतीकिलो तिरला के बाद युरीया खाद मिलल बतवले बाडन ।
थोक दाम से दु गुणा बेसी तरके युरीया लियावे के पडल कहत उ सिकाईत कईले बाडन । उ त प्रतीनिधी उदारण मात्र हउवन ।
पर्सा के अघिकांश जगहा मे रहल किसान के समस्या ओईसने बा ।
रासायनीक मल बितरण करेवाला आधिकारीक संस्था कृषी सामाग्री कम्पनी लिमीटेड पर्सा जिल्ला मे मल कमी ना भईल बतावत आईल बाडन माकिर जिल्ला के दुर दराज के किसान कमी आ महंगी मे पडल बाडन ।
कृषक समस्या मे, नियमन के करी ?
ठोरी गाँवपालिका कृषी मे आत्मानिर्भर भईल जगहा ह ।
गाँवपालिका कृषी के ठोरी आधार कहके प्रमुख नारा हि बनवले बा । कृषक के समस्या अनगिन्ती बा ।
स्थानीय तह मे प्राबिधीक कमी से लेके आधुनिक कृषि के अनुभुती ठोरी के जनता अभी तक करे नइखन सकल ।
करत आईल परम्परागत खेती मे भी रासायनीक मल सहज आ सुपथ मे ना मिलला से कृषक आउर समस्या मे पडल बाडन ।
अधिकांश जगहा मे रासायनीक मल के खुद्रा दाम निर्धारण स्थानीय तह कर रहला पर भी ठोरी मे ओईसन नइखे ।
ई समस्या नयाँ ना ह माकिर नियमन के करी ? किसान के समस्या के बुझी ? संबन्धित निकाय का करत बा ? किसान के सुलभ आ सहज कहिया होखी ? ई लगायत अईसन सवाल के जवाफ किसान खोज रहल बाडन ।
माकिर एकरा उपर कउनो भी सम्बन्धित निकाय ध्यान ना देहला से किसान आउर पिडा मे पडल बाडन ।






