आउर २५० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

काठमाण्डु २९ जेठ
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर २५० जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे संक्रमित के संख्या ४६ सय १४ पुगल बा । उलोग मेसे १५ जने के मृत्यु भईल बा आ ८६१ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. जागेश्वर गौतम के मुताविक रौतहट मे ५७, दैलेख मे ४८, रुपन्देही मे २९, बाजुरा मे १८, रोल्पा मे १४ आ बाँके मे १३ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।
एहितरे सप्तरी के ९, दाङ के ८, बारा, धादिङ , सुर्खेत आ कैलाली के ७÷७ जने, नवलपरासी के ६, प्युठान, सर्लाही, महोत्तरी के ४÷४ जने, झापा आ सुनसरी के ३÷३ जने तथा कपिलवस्तु आ बझाङ के २÷२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
आउर १८७ जने डिस्चार्ज
एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे १८७ जने डिस्चार्ज भईल बाडन । एकरा सँगे डिस्चार्ज होखेवाला के संख्या अभी तक ८६१ पुगल बा ।
मन्त्रालय के मुताविक देशभर के आइसोलेसन मे ३ हजार ७३८ जने बाडन आ क्वारेन्टिन मे १ लाख ६२ हजार १२ जने बाडन । अभी तक १ लाख १५ हजार ९३० पीसीआर टेष्ट भईल बा आ १ लाख ७८ हजार १४३ आरडीटी टेष्ट भईल बा ।






