हिरासत भितर मृत्यु ः छानबिन करे खातिर ४ सदस्यीय समिति गठन

जनकपुरधाम २ असाढ

जिल्ला प्रशासन कार्यालय धनुषा थुनुवा कक्ष भितर भईल शम्भु सदा के मृत्यु के छानबिन करे खातिर समिति बनवले बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय सबैला के हिरासत मे जेठ २८ गते २२ बरीस के शम्भु सदा फाँसी लटकल अवस्था मे मृत मिलल रहलन ।

पुलीस से आत्महत्या भईल कहला पर भी उ घटना पीडित परिवार पुलीस के भी मिलीभगत मे हत्या भईल दावी कईले बा । पीडित परिवार इलाका प्रहरी कार्यालय के इन्सपेक्टर विरुद्ध हत्या आरोप मे उजुरी भी देहले बा ।

ई घटना छानबिन के खातिर प्रशासन कार्यालय के प्रशासकीय अधिकृत गणेशचन्द्र मिश्र के संयोजकत्व मे चार सदस्यीय समिति बनावल प्रमुख जिल्ला अधिकारी कोषहरि निरौला जानकारी देहनी ।

उ समिति मे मृतक पक्ष के ओरी से दु जने के आमन्त्रित सदस्य के रुप मे राखेके जनावल गईल बा । एक जने अधिकारकर्मी आ एक जने कानुन व्यवसायी के आमन्त्रित सदस्य के रुप मे राखेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी निरौला बतवनी ।

“उ दु जने उलोग (मृतक पक्ष) राखेवाला बानी” कहत निरौला, “मृतक के परिवार के राहत उपलब्ध करावे खातिर भी जिल्ला प्रशासन कार्यालय जलदी से पहल करेके निर्णय भईल बा ।”

प्रमुख जिल्ला अधिकारी निरौला के अध्यक्षता मे मंगर के दिने प्रदेश प्रहरी प्रमुख, जिल्ला प्रहरी प्रमु्ख, मृतक पक्ष के आदमी सहित के सहभागिता मे रहल बईठक से पीडित परिवार के शान्ति सुरक्षा के तत्काल उचित प्रबन्ध मिलावे के निर्णय भी कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।