प्रदेश २ मे १२८ जने कोरोना संक्रमित थपईलें

वीरगंज ०८ असाढ
प्रदेश २ मे आउर १ सय २८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । सामाजिक विकास मन्त्रालय के मुताविक आजु १४ जने जनानी आ ११४ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
मन्त्रालय के मुताविक सर्लाही मे ४७, रौतहट ३४, सिराहा २३, सप्तरी मे १३, धनुषा मे १० आ महोत्तरी मे १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
केन्द्रीय प्रयोगशाला सहित तीन गो ल्याब मे कईल परीक्षण के समय मे उलोग मे संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्रालय जनवले बा ।
सर्लाही मे संक्रमण पुष्टि भईल मेसे ईश्वपुर के ३२ जने बाडन । एहितरे पीएचसी क्वारेन्टिन के १३ जने आ २ जने होम क्वारेन्टिन मे रहल आदमीसब मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सिराहा के एसएसएम बहुमुखी क्याम्पस क्वारेन्टिन के २२ जने आ ठेगाना ना खुलल आउर एक जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।
रौतहट के गौर अस्पताल मे रहल ३३ जने आ लौकाहास्थित आइसोलेसन मे रहल आउर १ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सप्तरी के कंकालिनी के २ जने, राजगढ के ७ जने, बालनबिहुल के ४ जने, धनुषा के नगराइन क्वारेन्टिन के ३ जने, धनौजी के ३ जने आ दुहबी क्वारेन्टिन के ४ जने, महोत्तरी के पिपरा क्वारेन्टिन के १ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।






