टाडका से शिक्षक आ खरदार सहित चार जने के मृत्यु

राजविराज ११ असाढ
वर्षात सँगे गिरल टाडका से बियफे के दिने शिक्षक आ खरिदार सहित चार जने के मृत्यु भईल बा ।
धान रोपेवाला खेत मे काम करे खातिर निकलल राजगढ गाँवपालिका–४ बेल्ही के ४५ बरीस के केशीलाल साह के टाडका से मृत्यु भईल उनकर बेटा ओमप्रकाश मण्डल बतवनी ।
उ उदयपुर के रानीबास खाँबुस्थित जनता मावि के शिक्षक हउवन ।
लकडाउन के समय विद्यालय बन्द भईला के बाद घर आईल साह धान रोपे खातिर खेत तइयार करे खातिर निकलल रहलन ।
एहितरे बाबुमाई आ साथी सँगे कोशी नदी गईल महादेवा गाँवपालिका–२ के २८ बरीस के बेचन यादव के टाडका से मृत्यु भईल उनका सँगे गईल उनकर साथी उहे जहगा के दिपक यादव बतवनी ।
घर मे गोसाई गाड्ने पूजाकर्म के खातिर बाबु देवनारायण यादव, माई जुगोदेबी यादव, केस काटेवाला हजाम नकछेदी ठाकुर आ दिपक सँगे बेचन सबेरे मोटरसाइकल मे कोशी नदी गईल रहलन ।
घायल दिपक के मुताविक देवनारायण यादव के केस काटला के बाद पानी परे लागल आ सभी जने उहें लगे बनल एगो छाप्रो मे जाके ओत लेरहल समय अचानक बिजुली चम्कल आ टाडका गिरल ।
’सभी जने बेहोस भईल रहनी, तीन जने के होस अईला के बाद बेचन आ हजाम ५५ बरीस के नकछेदी के मृत्यु भइल रहे,’ अस्पताल मे ईलाज करा रहल दिपक कहनी । महादेवा गाँवपालिका के खरिदार बेचन के एक बेटी बाडि ।
एहितरे खेत मे काम कर रहल समय डाकनेश्वरी नगरपालिका ९ के ३० बरीस के ललीतादेबी यादव के मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय सप्तरी के डिएसपी तिलक भारती बतवनी ।
टाडका से राजगढ गाँवपालिका–४ के २१ बरीस के आशाकुमारी मण्डल घायल भईल बाडि ।
दिदीबहिन सँगे घर मे रहके बातचीत कर रहल समय देवाल मे ओलर के बईठल मण्डल घायल भईल उ बतवनी ।
घायल मण्डल आ दिपक यादव के गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । घायल के अवस्था सामान्य बनत गईल अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. रणजितकुमार झा बतवनी ।






